[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: अटल आवासीय विद्यालयन के ऑनलाइन उद्घाटन करिहें CM, होई सीधा प्रसारण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रदेश के अटल आवासीय विद्यालयन में नया सत्र में शिक्षण कार्य के ऑनलाइन उद्घाटन लखनऊ से बियफे के करिहें। सहजनवां के पिपरा में इस्थित अटल आवासीय विद्यालय में एह कार्यक्रम के सीधा प्रसारण होई।

कमिश्नर अनिल कुमार ढींगरा आ सीडीओ संजय कुमार मीणा बुध के अटल आवासीय विद्यालय के निरीक्षण करिहें। बियफे के नया सत्र के सुभारंभ पs होखे वाला कार्यक्रम के तइयारी के लेके चरचा कइल लो आ जरूरी दिसा-निरदेस दिहल गइल।

सहजनवां के पिपरा में इस्थित अटल आवासीय विद्यालय में नया सत्र में कक्षा-9 के पढ़ाई सुरू होई। नया सत्र में कक्षा- 6 में 160 आ कक्षा-9 में 160 लईकन के नया प्रवेश लिहल गया गइल बा। जबकि कक्षा सात में 60 लईका नामांकित बा लो। नया सत्र में शिक्षण कार्य के उद्घाटन मुख्यमंत्री लखनऊ से वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से करिहें।

एह दौरान ऊ लईकन के संबोधित करिहें। कार्यक्रम से पहिले कमिश्नर, सीडीओ प्रधानाचार्य के संगे तइयारी के जायजा लेलें। एह अवसर पs एसडीएम दीपक कुमार गुप्ता, प्रधानाचार्य एके सिंह, डीएलसी शक्ति सेन मौर्या, स्कंद मिश्रा, नायब तहसीलदार दुर्गेश चौरसिया आदि उपस्थित रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]