[the_ad_group id="30365"]

बिहार में स्कूलन के नोटिस बोर्ड पऽ लागी टीचर लो के तस्वीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अब नोटिस बोर्ड पs बिहार के सब सरकारी स्कूल में काम करेवाला शिक्षक के फोटो लगावल जाई। शिक्षा विभाग के आदेश के मुताबिक एह कदम से स्कूल में पढ़े वाला बच्चा आ उनका अभिभावक के शिक्षक के जाने में मदद मिली। एह संबंध में सभ जिला के दिशा-निर्देश जारी क दिहल गइल बा। ई आदेश सगरी सरकारी प्राथमिक माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक विद्यालयन खातिर बा।

सब 77,856 सरकारी स्कूल में लागू होखे के आदेश

बिहार के 77,856 सरकारी स्कूल में काम करे वाला सभ शिक्षक के फोटो स्कूल के नोटिस बोर्ड पs देखाई दिही। केंद्र सरकार एह स्कूलन में तैनात शिक्षकन के फोटो फ्लेक्स पर देखावे के संबंध में बिहार सरकार से रिपोर्ट मंगले बिया। केंद्र सरकार के आदेश के देखत शिक्षा विभाग के ओर से सभ जिला के दिशा-निर्देश जारी कइल गइल बा। इ निर्देश बिहार शिक्षा परियोजना परिषद (बीईपी) के राज्य कार्यक्रम अधिकारी रंजन सिंह सभ जिला शिक्षा अधिकारी (डीईओ) अवुरी जिला कार्यक्रम अधिकारी (डीईओ) के देले बाड़े।

13 सितंबर तक के मोहलत 

जारी आदेश में कहल गइल बा कि शिक्षा मंत्रालय सरकारी प्राथमिक, माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक विद्यालय में काम करेवाला शिक्षक के फोटो प्रदर्शित करे से जुड़ल अपडेट रिपोर्ट के मांग कइले बा। निर्देश में डीईओ आ डीपीओ से कहल गइल बा कि 13 सितंबर ले बीईपी के ई रिपोर्ट अनिवार्य रूप से दे दीं कि कतना प्राथमिक, माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक विद्यालयन के फोटो फ्लेक्स पर देखावल गइल बा। एकरा खातिर जिला के एगो प्रारूपो दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]