[the_ad_group id="30365"]

सीएम योगी दीहें गोरखपुर जिला के 16 करोड़ के सौगात, करिहें जनसभा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सोमार के शहर में रहिहें। ऊ नवरात्रि के पहिले दिन जिला के 16 करोड़ रुपया के विकास कार्य के सौगात दीहें। जंगल कौड़िया विकास खंड के रसूलपुर चकिया में महंत अवेद्यनाथ महराज स्टेडियम अउरी महंत अवेद्यनाथ राजकीय महाविद्यालय परिसर में निर्मित सभागार के लोकार्पण करिहें। जनसभा कइले के संगही स्मार्टफोन के वितरण भी करिहें।
नवरात्रि के पहिले दिन ही सोमार के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखपुर अइहें। सबसे पहिले जंगल कौड़िया के रसूलपुर चकिया में 10.16 करोड़ रुपया के लागत से बनल महंत अवेद्यनाथ महाराज स्टेडियम अउर महंत अवेद्यनाथ राजकीय महाविद्यालय में 5.80 करोड़ रुपया से निर्मित सभागार के लोकार्पण करिहें। एसे ग्रामीण क्षेत्र में खेल प्रतिभा वालन के आगे बढ़ले के मौका मिली।

स्टेडियम में 250 व्यक्तियन के बइठे खातिर पवेलियन अउरी 300 मीटर के 8 लेन के सिंथेटिक रनिंग ट्रैक तइयार कइल गइल बा। कुश्ती ग्राउंड, चहारदीवारी, पंप हाउस, सड़क अउरी जलनिकासी के काम पूरा हो गइल बा। एही तरह महाविद्यालय सभागार के क्षमता 462 व्यक्तियन के बइठे के बा। सभागार में दू ग्रीन, दू रिहर्सल अउरी एगो वीवीआईपी रूम बा। कुश्ती, बैडमिंटन अउरी टेबल टेनिस हॉल भी बनल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]