Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में बोलले सीएम योगी: जीडीए के दायरा बढ़ी, बांसगांव, खजनी, चौरीचौरा, कैंपियरगंज ले होई विस्तार

643

गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) के दायरा अउरी बढ़ी। प्राधिकरण अब अपने क्षेत्र में दक्षिण दिशा में बांसगांव तक, पश्चिम में खजनी तक, उत्तर में कैंपियरगंज तक अउरी पूरब में चौरीचौरा तहसील तक विस्तार करी। दू दिन के दौरा पर आइल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बुधवार साँझ गोरखनाथ मंदिर में विकास कार्य के समीक्षा बैठक के दौरान एह संबंध में निर्देश दिहलें।

मुख्यमंत्री कहलें कि जहां भी अनियोजित विकास हो रहल बा, ओके रोकल जाय। जीडीए के क्षेत्र के अउरी बढ़ावल जाए अउरी ओह दायरा में आए वाले क्षेत्र में सुनियोजित तरीका से ढांचागत विकास कइल जाय। मुख्यमंत्री के निर्देश के बाद जीडीए जल्दिए सीमा विस्तार के ले के प्रस्ताव तैयार कइल गइल बा।

पिछलही साल जीडीए अपने सीमा के विस्तार कइल गइल बा। जेकरे बाद अब प्राधिकरण के दायरा 642 वर्ग किलोमीटर के हो चुकल बा। एहमें 319 राजस्व गांव शामिल बा। बइठक के दौरान मुख्यमंत्री सीईओ गीडा से निवेश के बारे में पुछलें। उ लैंड बैंक बढ़वले पर जोर देत कहलें कि धुरिपायार क्षेत्र में अनुपजाऊ भूमि के अधिग्रहण शुरू कइल गइल बा।

सीईओ बतवलें कि गीडा के ओर से एह क्षेत्र के महायोजना तैयार कइल जा रहल बा। जल्दिए भूमि के अधिग्रहण भी होई। इहां करीब 8800 एकड़ जमीन के अधिग्रहण कइल जाए के बा। मुख्यमंत्री जिला में चल रहल विकास योजना के भी प्रगति पूछलें। उ कहलें कि आयुष विश्वविद्यालय, सैनिक स्कूल अउरी प्रमुख सड़क के निर्माण तेजी से कइल जाय। काम में लापरवाही नाइ होखे के चाहीं।

नियमित रूप से एकर निगरानी कइल जाय। मुख्यमंत्री अधिकारियन से इस्लामियां कॉलेज ऑफ कामर्स के परिसर में भइल घटना के बारे में भी जानकारी लीहलें। बैठक में एडीजी जोन अखिल कुमार, कमिश्नर रवि कुमार एनजी, डीएम कृष्णा करुणेश, एसएसपी गौरव ग्रोवर, नगर आयुक्त अविनाश सिंह, सीईओ गीडा पवन अग्रवाल, जीडीए उपाध्यक्ष महेंद्र सिंह तंवर, सचिव उदय प्रताप सिंह आदि लोग उपस्थित रहल

339060cookie-checkगोरखपुर में बोलले सीएम योगी: जीडीए के दायरा बढ़ी, बांसगांव, खजनी, चौरीचौरा, कैंपियरगंज ले होई विस्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.