[the_ad_group id="30365"]

खलीलाबाद से वाराणसी जाए खातिर शुरू भइल रोडवेज बस सेवा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खलीलाबाद से वाराणसी जाए खातिर मंगर के बस सेवा के शुरूआत भइल। सदर विधायक अंकुर राज तिवारी झंडी दिखा के बस के रवाना कइलें। ई बस प्रतिदिन खलीलाबाद शहर से रवाना होई। एह दौरान विधायक कहलें कि जल्दिए रोडवेज बस स्टैंड के स्थापना करावल जाई।

खलीलाबाद से सीधे वाराणसी खातिर काफी दिन से मांग उठत रहल हवे। अइसन में विधायक अंकुर राज तिवारी के प्रयास से खलीलाबाद से वाराणसी खातिर रोडवेज बस के संचालन शुरू कइल गइल। वाराणसी जाए खातिर खलीलाबाद से बन के स्पेशल रोडवेज के गाड़ी साँझ चार बजे से धनघटा होत आजमगढ़ हो के वाराणसी खातिर जाई।

विधायक कहलें कि जिला के धार्मिक स्थलन से जोड़ल बहुत जरुरी रहल। एसे एक त लोग के समयानुसार बस सेवा के लाभ मिली, उहवें तमाम लोग के तीर्थ स्थान ले जाए खातिर आसान होई। एह दौरान विवेकानंद वर्मा, घनश्याम दास, किरन प्रजापति, पियुष मिश्रा सहित तमाम लोग उपस्थित रहल।

धनघटा प्रतिनिधि के अनुुसार मुखलिसपुर बस स्टेशन से सीधे वाराणसी खातिर बस सेवा शुरू भइल। विधायक गणेश चौहान हरी झंडी दिखा के बस रवाना कइलें। बस संचालन होखला से क्षेत्र के श्रद्धालु लोग के काशी विश्वनाथ दर्शन करे मे सहूलियत मिली। एह मौका पर पीएन सिंह, बुद्धिसागर पांडेय, कृष्ण चंद्र यादव, दुर्गेश तिवारी, रत्नेश मिश्र, रामबचन राजभर, अमित दुबे, विशाल ओझा, संतलाल मौर्या, अजय मिश्र आदि लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]