[the_ad_group id="30365"]

Bihar Weather Update: गोपालगंज, छपरा, सीवान सहित कई जिलन में बरखा के संभावना, देखीं मौसम विभाग के पूर्वानुमान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Weather Report: बिहार के कई जिलन में बरखा होखला के संभावना बा। सनीचर के सबेरे पटना मौसम विज्ञान केंद्र (Patna Meteorological Center) के ओर से छपरा, गोपालगंज आ सीवान खतीर येलो अलर्ट (Yellow Alert Bihar Weather) जारी कइल गइल। एह जिलन के कुछ भागन में हलुक से मध्यम स्तर के बरखा होखला, घटा गरजला आ वज्रपात होखला के संभावना बा। एकरा अलावे सनीचर आ अतवार के प्रदेश के कइयन गो आउर जिलन में बरखा होखे के संभावना बा।

ओहिजा, बाकी अउरियो जिलन में बरखा के संकेत बा। उत्तर पूरूब बिहार के सुपौल, अररिया, किशनगंज, सहरसा, पूर्णिया, मधेपुरा आ कटिहार में कइयन गो जगहन पs सनीचर आ अतवार के बरखा हो सकेला। एकरा अलावे आज बक्सर, भोजपुर, रोहतास, भभुआ, औरंगाबाद, अरवल में कुछ जगहन पs हलूक बरखा हो सकेला। कुछ जिलन के तापमान में बढ़न्ती होई।

प्रदेश के एह जिलन में भइल बरखा 

मौसम विभाग के रिपोर्ट के मोताबिक, बियफे आ सूक के बीच सबसे जादे बरखा सुपौल के भीमनगर में 48.6 मिमी भइल बा। सुपौल के बसुआ में 33.4 मी, सुपौल में 21 मिमी, सुपौल के बीरपुर में 20.6 मिमी, अररिया के जोकिहाट में 18.6 मिमी, अररिया के नरपतगंज में 14.2 मिमी, किशनगंज के ठाकुरगंज में 12.4 मिमी बरखा भइल बा। एकरा अलावे किशनगंज के गलगलिया में 11.2 मिमी, सीतामढ़ी के बेलसंड में 9.4 मिमी, सुपौल के त्रिवेणीगंज में 9.2 मिमी, अररिया में 8.4, मधुबनी के फुलपरास में 5.8 मिमी, किशनगंज के चरघरिया में 3.2 मिमी आ शिवहर में 2.8 मिमी बरखा भइल बा।

 

बिजली चमकला आ वज्रपात के खतरा

मानसून ट्रफ लाइन बीकानेर आ जोधपुर से होखत गुजर रहल बा। मध्य प्रदेश के अगरी-कगरी एगो चक्रवातीय निम्न दबाव के क्षेत्र बनल बा। एह मौसमी प्रभावन के देखत बिहार में मौसम सनीचर आ अतवार के फेर से बदल रहल बा। राज्य के अलग-अलग हिस्सन में बरखा आ वज्रपात के आशंका जतावल गइल बा। 24 आ 25 सितंबर के बिहार में बिजली चमकला आ वज्रपात के खतरा बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]