[the_ad_group id="30365"]

प्रयागराज से गोरखपुर के बीच वंदे भारत ट्रेन चलावे के हो रहल बा तैयारी, खाली एह एक्के स्टेशन पर रुकी ट्रेन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रयागराज से गोरखपुर आवे-जाए वाले यात्रियन खातिर भारतीय रेलवे बड़ सौगात देवे वाला बा। जानकारी के मुताबिक बोर्ड प्रयागराज से गोरखपुर अउरी गोरखपुर से प्रयागराज के बीच रेलवे वंदे भारत ट्रेन के चलावे के तैयारी कs रहल बा। दूपहर 2.20 बजे वंदे भारत ट्रेन गोरखपुर पहुंचले के बाद वापसी में दूपहर 3 बजे से गोरखपुर से चली। प्रयागराज अउरी गोरखपुर के बीच एह ट्रेन का स्टॉपेज सीधा लखनऊ होई।

प्रयागराज से सीधे लखनऊ रुकी वंदे भारत

मध्य रेलवे के अधिकारी लोग एह ट्रेन के चलवलें के बारे में कौनो आधिकारिक पुष्टि नइखे कइलें। लेकिन जानकारी के मुताबिक मुख्यमंत्री योगी के शहर गोरखपुर के प्रयागराज से जोड़ले के तैयारी चल रहल बा। वंदे भारत ट्रेन के संचालन प्रयागराज जंक्शन से होई अउरी एकरे खातिर एगो समय सारिणी पर समीक्षा कइल जा रहल बा। प्रयागराज जंक्शन से वंदे भारत ट्रेन बिहाने 6.20 बजे रवाना होई अउरी एकर स्टॉपेज लखनऊ में होई। लखनऊ में ई ट्रेन 10 मिनट खातिर रुकी। एकरे बाद ई ट्रेन सीधा दोपहर 2.20 बजे गोरखपुर पहुंची।

वंदे भारत एक्के दिन में प्रयागराज से गोरखपुर अउरी गोरखपुर से प्रयागराज के बीच चलावल जाई। दूपहर 2.20 बजे गोरखपुर पहुंचला के बाद वंदे भारत ट्रेन दुपहर 3 बजे गोरखपुर से चली। गोरखपुर से चलला के बाद एकर अगिला स्टॉपेज लखनऊ होई। रात में 7 बजे के आसपास वंदे भारत ट्रेन लखनऊ पहुंची। एकरे बाद ई ट्रेन लखनऊ से प्रयागराज पहुंची। लखनऊ से चलले के बाद ई ट्रेन रात में 10.50 बजे प्रयागराज पहुंची।

नगदे समय से यात्री करत रहलें मांग

लमहर समय से यात्री लखनऊ से प्रयागराज के बीच एगो सुपरफास्ट ट्रेन चलावल गइले के मांग करत रहलें। हालांकि अभिन एह ट्रेन के चलावल गइले के कौनो आधिकारिक पुष्टि नइखे कइल गइल लेकिन जानकारी के मुताबिक सांसद केशरी देवी पटेल एके बोर्ड ले पहुंचवलें बानें। प्रयागराज से लखनऊ अउर लखनऊ से गोरखपुर ले वंदे भारत ट्रेन 475 किलोमीटर के दूरी तय करी। वंदे भारत ट्रेन ई दूरी आए जाए खातिर एक्के दिन में पूरा करी। एह ट्रेन के चलले से एह तीन जगह के यात्रा करे वाले यात्रियन खातिर बड़ सौगात होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]