[the_ad_group id="30365"]

झांसी मेडिकल कॉलेज पहुंचले सीएम योगी, पीड़ित परिजनन से कइले मुलाकात

सीएम योगी आदित्यनाथ
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

उत्तर प्रदेश के झांसी जिला के महारानी लक्ष्मीबाई मेडिकल कॉलेज में शुक के रात में आग लगला से 10 लइकन के मौत हो गईल। अस्पताल में बहुत लइकन अपना जान के लड़ाई लड़तारे। एही बीच यूपी के सीएम योगी आदित्यनाथ झांसी के मेडिकल अस्पताल पहुंच गईल बाड़े, जहां इs दुखद दुर्घटना भईल रहे। सीएम योगी झांसी पहुंच के पीड़ित परिवार से मुलाकात कईले।

यूपी सरकार एह हादसा में जान गँवावे वालन के परिवार के पाँच-पाँच लाख रुपिया के आर्थिक सहायता दी. जबकि घायलन के परिवार के पचास-पचास हजार रुपिया देबे के एलान कइल गइल बा. सीएम योगी पीड़ित परिवार के तत्काल सहायता देवे के निर्देश देले बाड़े।

सीएम योगी दुर्घटना के लेके दुख जतवले

सीएम योगी एs दुर्घटना पs गहरा दुख जतवले अवुरी एs घटना के जांच के आदेश देले बाड़े। सीएम योगी लिखले- ‘झांसी जिला में स्थित मेडिकल कॉलेज के एनआईसीयू में भईल दुर्घटना में लइकन के मउत बेहद दुखद अवुरी दिल दहला देवे वाला बा।’ जिला प्रशासन आ संबंधित अधिकारियन के युद्ध के आधार पs राहत आ बचाव अभियान चलावे के निर्देश दिहल गइल बा. भगवान श्री राम से प्रार्थना बा कि दिवंगत आत्मा के मोक्ष मिले आ घायल के जल्दी ठीक होखे.”

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]