Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नीतीश बोलले- सरकार बनल त विशेष राज्य के दर्जा दिहें :2024 के लेके बड़ ऐलान- खाली बिहार ना सब पिछड़ल राज्यन के मिली दरजा

मुख्यमंत्री नीतीश बियफे के पटना के सीएम सेक्रेटेरिएट में ग्रामीण सोलर लाइट योजना के आरंभ करत रहस। एकरा बाद ऊ मीडिया के सवालन के जवाब में ई बात कहले।

394

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहले कि जदि 2024 में केंद्र में हमार सरकार बनत बा त पिछड़ल राज्यन के जरूर विशेष राज्य के दर्जा मिली। ऊ कहले कि हम खाली बिहार के बात नइखीं करत। अउरियो कुछ पिछड़ल राज्यन के बात कर रहल बानी, जवना के ई दरजा मिले के चाही।

मुख्यमंत्री नीतीश बियफे के पटना के सीएम सेक्रेटेरिएट में ग्रामीण सोलर लाइट योजना के आरंभ करत रहस। एकरा बाद ऊ मीडिया के सवालन के जवाब में ई बात कहले।

ऊ कहले कि बिहार के विशेष राज्य के दरजा ना दिहल गइल। जदि मिल जाइत त एसे हमनी के बहुते लाभ होइत। बिहार के विशेष दरजा के मांग हम लगातार उठावत रहल बानी। हम कबो एकरा के नइखी छोड़ले। हम लगातार कैंपेन चलावत रहल बानी। पटना विश्वविद्यालय खातिर केंद्र से अधिकार मंगनी।

नीतीश कहले कि जदि हमनी के जइसन चाह रहल बानी स, एकजुट हो जात बानी स आ भाजपा के जगे हमनी के सरकार बनत बा त निश्चित रूप से पिछड़ल राज्यन के विशेष राज्य के दर्जा मिली।

बेगूसराय ममिला के जातीय रंग देला प बोलले

बेगूसराय में मंगर के साँझ भइल फायरिंग के घटना के बाद केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह CM नीतीश प तीख बयान देले रहस। एहपर सवाल कइल गइल तs नीतीश कहले कि एह सब के कवनो मतलब नइखे? काल्ह का बोलत रहस, आज का बोल रहल बाड़ें? एह सबके कवनो सेंस बा का? पुलिस आपन काम कर रहल बिया। जेकरा देखत रहे के रहे, ना देखल, ओकरा के सस्पेंड क दिहल गइल बा। पुलिस अधिकारी एक-एक चीज के देख रहल बा लो।

बेगूसराय के घटना के जातीय रंग देला के सवाल प नीतीश कहले कि उहां के लोग जवन बतवलस, ओहि आधार प हम बयान देनी। जेकरा के मारल गइल, ऊ कवना जाति के रहस, जे घायल भइल, उहो अलग-अलग जाति के बा।

केंद्र सरकार प निशाना साधत कहले कि जवन लोग कुछ ना करेला, उहे प्रचार करेला। हर घर जल योजना हमार रहे, बाकिर ओहूमे आपन नाम जोड़ लिहल गइल। काम हमनी के करेनी स आ प्रचार-प्रसार उल्टा-पुल्टा चलत रहेला। हम रात-दिन काम करेनी आ करते रहेम।

कहले कि भाजपा के हम पहिला बेर छोड़नी आ फेर साथे गइनी। फेर ओह लो के छोड़ले बानी त पूरा अनुभव के आधार प। एह लो के जवन स्थिति बिहार में होखे वाला बा, ओकरे कारण अंड बंड बोल रहल बा लो। दिल्ली में जेकरा के केहू पूछता नइखे। ऊ लोग कोसिस करत बा कि बिहार आके बोलते रही। जेकरा के हटा दिहल गइल, उहो देख रहल बा कि कवनो मौका मिल जाव।

सोलर लाइट योजना के कइलें उद्घाटन

CM कहले कि एह योजना के तहत बिहार के सब ग्रामीण इलाकन तक सोलर लाइट पहुंचावल जाई। ग्रामीण इलाकन के लोग के बिना लाइट के परेसानी होला। एही मकसद से हमनी के सोलर लाइट लेके आइल बानी स। ताकि लोगन के बिना लाइट के ना रहे के पड़े। सड़क प लागल सोलर लाइट से लोगन के घरन तक रोशनी पहुंची।

साभार: दैनिक भास्कर

331190cookie-checkनीतीश बोलले- सरकार बनल त विशेष राज्य के दर्जा दिहें :2024 के लेके बड़ ऐलान- खाली बिहार ना सब पिछड़ल राज्यन के मिली दरजा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.