[the_ad_group id="30365"]

China Taiwan Conflict : चीन दोहरवलस, ताइवान पs कब्जा खातिर करी सैन्य बल के इस्तेमाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

China Taiwan Conflict : चीन बुध के ताइवान पs सवाल आ एगो नाया युग में चीन के पुनर्मिलन शीर्षक से श्वेतपत्र जारी कइलस। एमे उ दोहरवलस कि एह द्वीप पs ओकर दावा सही बा। चीन ताइवान में अलगाववादी गतिविधियन खातिर शून्य सहिष्णुता नीति अपनावे के एलानो कइलस। उ इहो कहलस कि उ एह द्वीप पs फेर से कब्जा करी, भलही एकरा खातिर बल प्रयोग काहे ना करे के पड़ो।

एही के साथे चीन सैन्य अभ्यास खत्म कs देलस। चीन के सरकारी परिषद के ताइवान ममिलन के कार्यालय आ पीपुल्स रिपब्लिक ऑफ चायना के स्टेट काउंसिल इंफोर्मेशन कार्यालय अमेरिकी प्रतिनिधि सभा के स्पीकर नैंसी पेलोसी के ताइवान यात्रा के बाद ई श्वेतपत्र प्रकाशित कइलस। एहसे ताइवान स्ट्रेट में तनाव पैदा हो गइल बा।

एह श्वेतपत्र के ओह तथ्य के दोहरावे खातिर जारी कइल गइल बा कि ताइवान चीन के हिस्सा हs आ चीनी कम्युनिस्ट पार्टी के संकल्प आ राष्ट्रीय पुनर्मिलन के प्रति ओकर प्रतिबद्धता पहिलही जइसन बा। श्वेतपत्र में कहल गइल बा कि ताइवान प्राचीने काल से चीन के हs आ इतिहास में एकर ठोस आधार बा। ई चेतावनी अइसन समे में आइल बा जब चीन ताइवान के 6 तरफ से घेरकर सैन्य अभ्यास कइल आ  क्षेत्र में तनाव बढ़वलस।

2000 में पहिलहु जारी कs चुकल बाह श्वेतपत्र

चीन अपना श्वेतपत्र में कहलस कि हमनी के सख्त कदम उठावे ला तबे मजबूर होखेम सs जब अलगाववादी तत्व भा बाहरी ताकत हमनी के लक्ष्मण रेखा के लांघी। चीन पिछला बेर 2000 में ताइवान पs श्वेतपत्र जारी कइले रहे। जबकि 1990 से ताइवान में एगो अलग ताइवानी पहचान जन्म लेले बा। 2016 में साई इंग-वेन के राष्ट्रपति बनला के बाद दुनो पक्षन के रिश्तन में बहुते खटास आइल बा। साई देश के लोकतांत्रिक पहचान दिववले बाड़ें।

अंतिम लक्ष्य तक पुनर्मिलन सुनिश्चित कइल जाई

चीन कहलस, हमनी के अंतिम लक्ष्य चीन के शांतिपूर्ण पुनर्मिलन के संभावनन के सुनिश्चित कइल आ एह प्रक्रिया के आगे बढ़ावल बा। चीन दोहरवलस कि उ अमेरिका, ताइवान के प्रमुख सैन्य आ राजनीतिक समर्थक के संगे समुद्री सुरक्षा से लेके जलवायु परिवर्तन तक के मुद्दन  पs बातचीत बंद कर रहल बा।

अभ्यास समाप्ति के घोषणा के बादो तनाव

चीन बुध के ताइवान के लगे एक हफ्ता ले चलल सैन्य अभ्यास के खत्म करे के घोषणा कs देले बा
बाकिर ओकरा श्वेतपत्र से क्षेत्र में तनाव कम नइखे भइल। फिलहाल तनिका राहत जरूर मिलल बा। चीन के सरकारी मुखपत्र ग्लोबल टाइम्स ईस्टर्न थिएटर कमांड के हवाले से बतवलस कि हालिया अभ्यास में अलग-अलग मिशन के सफलतापूर्वक पूरा कइल गइल बा। ई कमान ताइवान स्ट्रेट में नियमित रूप से लड़ाकू गश्ती के आयोजन करी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]