[the_ad_group id="30365"]

मुख्यमंत्री योगी कइलें पोषण माह के शुभारंभ, बोलले- पहिले शराब बेचे वाले ही पोषण आहार बांटत रहनें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

‘बाल विकास सेवा एवं पुष्टाहार विभाग’ के ओर से शुक्क के लोकभवन में आयोजित कार्यक्रम में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनें कि विगत पांच वर्ष से पोषण माह कार्यक्रम सफलतापूर्वक मनावल जा रहल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 2018 में एकर शुरुआत कइले रहने।

उ कहलें कि वर्तमान अउर भविष्य के कुपोषण से मुक्त करे खातिर बहुते महत्वपूर्ण अभियान बा। किशोरी, धात्री महिला, माता सुपोषणयुक्त होइहें त लइके भी स्वस्थ अउरी सक्षम होइहें। एसे समाज अउरी देश भी सशक्त होई। जनपद के भ्रमण में हमार लक्ष्य होला कि स्वास्थ्य केन्द्र अउरी स्कूल आंगनबाड़ी केंद्र जरुर जाईं।

सीएम कहलें कि शिक्षित अउरी स्वस्थ लइके मजबूत राष्ट्र के आधार होलें। बच्चन के उद्धरण के माध्यम से बेहतर सिखा सकतने। सीखे के ललक बचपन में ज्यादा होला। एहलिए शिक्षक-आंगनबाड़ी कार्यकत्रियन के जिम्मेदारी हवे कि बच्चन में निम्मन संस्कार डालें।

उ कहलें कि यूपी में शिशु-मृत्युदर के नियंत्रित कइल गइल। एनीमिया रोग के नियंत्रित कइल गइल। 2017 से पहिले शराब बेचे वाले ही पोषण आहार बांटे के काम करत रहनें। हमके अचरज भइल। हमनी के सरकार अइसन कॉकस के खतम कइलस।

मुख्यमंत्री योगी कहलें कि ‘महिला स्वयं सहायता समूह’ के पौष्टिक आहार वितरण के जिम्मेदारी सौंपल गइल। एकर परिणाम सकारात्मक रहल। आंगनबाड़ी कार्यकत्री लोग कोविड काल में भी निम्मन काम कइलीं। आंगनबाड़ी कार्यकत्रियन के डाटा डाक्यूमेंटेशन के कार्य समय से करे के चाहीं। एह अवसर पर मुख्यमंत्री गर्भवती महिला लोग के गोद भराई अउरी कुछ लइकन के अन्नप्राशन भी कइलें।

कार्यक्रम में मुख्यमंत्री योगी 199 आंगनबाड़ी केन्द्रन के शिलान्यास अउरी 501 आंगनबाड़ी केन्द्र के लोकार्पण भी कइलें। मुख्यमंत्री पोषण मैन्युअल सक्षम के विमोचन अउरी आंगनबाड़ी केन्द्र के डिजिटाइजेशन करे खातिर तइयार कइल गइल ‘सहयोग’ एप के भी लांच कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]