[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली-हावड़ा रूट पर जल्दिए चली बुलेट ट्रेन, बक्सर में भी बनी स्टॉपेज, एकरे खातिर अलग से बनी स्टेशन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार से दिल्ली जाए खातिर रेलवे के तरफ से एक बड़ सौगात के कवायद चल रहल बा। रेलयात्रिन के सुविधा के देखत रेलवे एगो बड़ कदम उठावल गइल बा। बहुत जल्दी दिल्ली-हावड़ा रूट पर बुलेट ट्रेन दउरी। एह प्रक्रिया के पूरी करे के ले के पंडित दिनदयाल से ले के पटना-हावड़ा मार्ग पर काम चल रहल बा। पटरी बदलल जा रहल बा।

संभावना बा कि बक्सर में ओकर स्टॉपेज भी हो सकsता। रेलवे के अधिकारी अउर जिला प्रशासन स्टेशन अउर ट्रैक बनावे खातिर जमीन चिह्नित करे के तैयारी में बा। बुलेट ट्रेन के परिचालन पटना से शुरू होखले के बाद अब पटना से दिल्ली ले के सफर खाली छह घंटा में पूरा हो जाई। एकरे खातिर बिहार में हाइ स्पीड रेल कॉरिडोर के सर्वे के काम पूरा हो गइल बा।

रेल कॉरिडोर के ट्रैक पूरा तरह से एलिवेटेड होई

रेल कॉरिडोर के ट्रैक पूरा तरह से एलिवेटेड होई। हाइ स्पीड रेल ट्रेन के स्टेशन बक्सर, पटना अउर गया में बनावल जाई। लगभग एकर तैयारी पूरा हो गइल बा। एकरे खातिर अधिकारी काम शुरू कर सकतने। रेलवे के अधिकारियन के मानल जाव त बक्सर में बुलेट ट्रेन के स्टॉपेज होई। अइसन चर्चा चल रहल बा। एक दू महीना में अधिकारी बक्सर आ के एकर जायजा लीहें। बुलेट ट्रेन खातिर अलग से ट्रैक बनावल जाई जहां दूनों तरफ से चहारदीवारी बनावल जाई। एकरे खातिर रेलवे के तरफ से फंड भी आ गइल बा। हालांकि रेलवे के अधिकारी एह बारे में अधिकारिक जानकारी देहले से बच रहल बानें।

बुलेट ट्रेन के 350 किलोमीटर होई रफ्तार

जानकारी के मुताबिक हाइ स्पीड बुलेट ट्रेन के रफ्तार 350 किलोमीटर प्रति घंटा होई। कम समय में अधिक दूरी तय करे के उद्देश्य से जापानी तकनीक पर आधारित रेलवे ट्रैक के निर्माण कइल जाए के बा। केंद्रीय टीम सर्वे के बाद बिहार के वरीय अधिकारियन के साथ डीपीआर पर विचार-विर्मश कइल गइल बा। अब एलिवेटेड रेलवे ट्रैक खातिर भूमि अधिग्रहण के तैयारी शुरू कर दीहल गइल बा।

स्टेशन के निर्माण में खर्चा होई 400 करोड़ रुपया 

बक्सर रेलवे स्टेशन के विश्वस्तरीय बनवले मे तकरीबन 400 करोड़ रुपया के राशि खर्च होखले के उम्मीद बा, जौन सब अत्याधुनिक सुविधा से लैस होई। बक्सर में स्टेशन खातिर जगह के चयन करे के काम चल रहल बा। जल्दिए स्थान के चयन के काम पूरा कs लिहल जाई। बक्सर में स्टेशन बनावे खातिर कई जगह प्रस्तावित बा। एह काम खातिर गति शक्ति नाम के अलग यूनिट तैयार कइल गइल बा, जौन बक्सर स्टेशन के सर्वे के काम कs रहल बानें। रेल अधिकारियन के कहनाम बा कि रेलवे के ओर से जइसही भूमि अधिग्रहण खातिर प्रस्ताव दिहल जाई। एह दिशा में काम शुरू हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]