[the_ad_group id="30365"]

प्रधान न्यायाधीश यूयू ललित अगिला महीना होइहें रिटायर, उत्तराधिकारी नामित करे खातिर केंद्र लिखलस पत्र

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्र सरकार देश के प्रधान न्यायाधीश (CJI) यू यू ललित के पत्र लिख के उनसे आपन उत्तराधिकारी नामित करे के निहोरा कइले बा। जस्टिस ललित 27 अगस्त के सीजेआई नियुक्त कइल गइल रहलें।
बता देईं, सीजेआई ललित के कार्यकाल 8 नवंबर 2022 के समाप्त हो रहल बा। उ खाली 74 दिन एह पर पद रहिएँ। नए सीजेआई के नियुक्ति प्रक्रिया शुरू करे खातिर केंद्र सीजेआई ललित के पत्र लिखले बा।
जस्टिस ललित 26 अगस्त 2022 के सीजेआई एनवी रमण के कार्यकाल पूरा होखले के बाद देश के 49वें प्रधान न्यायाधीश नियुक्त कइल गइल रहे। उनकर कार्यकाल मात्र ढाई महीना के बा। जबकि उनके पूर्व सीजेआई के औसत कार्यकाल 1.5 साल के रहल।

केंद्र सरकार सीजेआई ललित के ई पत्र आज सुबह भेजलें। सीजेआई के चयन के तय प्रक्रिया के अनुसार कानून मंत्री नयका प्रधान न्यायाधीश को नामित करे खातिर वर्तमान सीजेआई के पत्र लिखत रहे।

चंद्रचूड़ होइहें नया सीजेआई? 

सीजेआई के पद पर सुप्रीम कोर्ट के वरिष्ठतम न्यायाधीश के चयन कइल जाला। वर्तमान में जस्टिस डीवाई चंद्रचूड सबसे वरिष्ठ बानें, एहलिए उनके नया सीजेआई के रूप में नामित कइल जा सकsता। परंपरागत रूप से सीजेआई उनके बाद सबसे वरिष्ठ जज के आपन उत्तराधिकारी नामित करेने। स्थापित परंपरा के अनुसार जस्टिस चंद्रचूड देश के 50 वें सीजेआई होइहें, ई सवाल अभिन बनल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]