[the_ad_group id="30365"]

जामनगर अउर मुंबई से 120 करोड़ के एमडी ड्रग कइल गइल जब्त, एयर इंडिया के पूर्व पायलट भइलें गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई नारकोटिक्स कंट्रोल ब्यूरो (NCB) के फिर बड़ कामयाबी मिलल बा। ब्यूरो गुजरात के जामनगर अउरी मुंबई के एगो गोदाम से 120 करोड़ रुपया मूल्य के 60 किलो मादक दवा मेफेड्रोन जब्त कइले बा। मामिला में एयर इंडिया के पूर्व पायलट समेत 6 लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा।

एनसीबी के उप महानिदेशक एसके सिंह शुक्क के ई जानकारी दीहलें। सिंह बतवलें कि ई एमडी ड्रग मुंबई के एक गोदाम अउरी जामनगर से जब्त कइल गइल। मुखबिर के सूचना पर गोदाम पर छापा मारलगइल। एनसीबी एह मादक पदार्थ के तस्कर गिरोह के पर्दाफाश कर सरगना समेत 6 लोग के गिरफ्तार कइले बा।

एनसीबी के डीडीजी सिंह बतवलें  कि आरंभ में जामनगर के नौसेना खुफिया इकाई एमडी ड्रग्स के खरीद-फरोख्त कइले के जानकारी दिलहे रहे। एह सूचना पर एनसीबी अउरी नैवल इंटेलिजेंस यूनिट साझा रूप से काम कइलस। एह सूचना पर जामनगर से 10.350 किलोग्राम एमडी ड्रग्स जब्त कइल गइल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]