[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: मुख्य अभियंता कइले हाईडिल कॉलोनी में अवैध रूप से रहे वालन के शिकायत, जानीं पूरा ममिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्य अभियंता सिविल (जानपद) से फोन पs बातचीत कs के मुख्य अभियंता (वितरण) हाईडिल कॉलोनी में अवैध कब्जेदारी आ अनधिकृत रूप से रहे के ममिला के  शिकायत कइले। ऊ बतवले कि विभागीय कॉलोनी में लोग अनधिकृत रूप से रह रहल बा। एमे उहो लोग बा, जेकर मुख्यालय गोरखपुर जोन में नइखे। रकरा अलावे बाहरी लोग अवैध रूप से आपन निर्माण करा के इहां रह रहल बा।

असल में, 12 अगस्त 2021 के अमर उजाला समाचार पत्र स्थानांतरण के बाद भी सरकारी आवास पर काबिज हैं अफसर, शीर्षक से खबर प्रकाशित कइलें रहे। एकरा बाद से चार से पांच बेर स्थानीय जानपद खंड के तरफ से अवैध कब्जेदारी निरस्तीकरण आ संबंधित जिम्मेदारन से वसूली के कार्रवाई तेज कइल गइल।

एमें नोटिस से लेके अवैध कब्जेदारन के निर्माण पs बुलडोजर चलावल जाए के डर ले दिखावल गइल, बाकिर नतीजा ना निकलल। डेढ़ महीना पहिले जोन में मुख्य अभियंता एके सिंह पदभार ग्रहण कइलें तs उनका सोझा कइयन बेर अवैध कब्जेदारन के ममिला सामने आइल। सोमार के ऊ एह संबंध में मुख्य अभियंता, जानपद से फोन पs एह बात के शिकायत कs देले।

ममिला के संज्ञान लेत ऊ अधिशाषी अभियंता के निर्देशित करत लिखले कि सिविल (जानपद) खंड बाहरी व्यक्तियन से आवास आ भूमि खाली करावे खातिर आवश्यक कार्रवाई करें। अनधिकृत रूप से रहे वाला अधिकारी, कर्मचारियन आ बाहरी व्यक्तियन के सूची बनाके आवश्यक कार्रवाई खातिर मुख्य अभियंता (वितरण) आ अध्यक्ष आवास आवंटन समिति, गोरखपुर आ अधीक्षण अभियंता, डिस्काम(बनारस) के भेजे के निर्देश देले।

अवैध रूप से रहे वालन पs पैनल रेंट लगाके ओकर वसूली कइल जाव। एकरा अलावे प्रगति के आख्या हर महीना सात तारीख के मुख्य अभियंता कार्यालय में देवे के निर्देश देले। एसडीओ, सिविल खंड राहुल श्रीवास्तव बतवले कि लगातार नोटिस आ आउर कार्रवाई कइल जा चुकल बा। बाकिर, आवास भा जमीन खाली ना भइल। निर्देश के बाद फेर कार्रवाई कइल जाई।

हाईडिल कॉलोनी में बा 20 गो अवैध कब्जा

हाईडिल कॉलोनी में 20 गो अवैध कब्जा बा। ई कब्जा कॉलोनी के जमीन पs अवैध रूप से बनावल गइल निर्माण के लेके बा। एकनी ले खाली करे खातिर कइयन बेर सिविल खंड के तरफ से नोटिसो चस्पा कइल जा चुकल बा। बाकिर, अभी ले ई कब्जा ओइसने बा।

साभार: अमर उजाला

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]