[the_ad_group id="30365"]

बिहार में नगर निकाय चुनाव के तइयारी तेज, सितंबर में हो सकेला घोषणा; अक्टूबर में मतदान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धर्मेद्र कुमार सिंह: बिहार में नगर निकाय चुनाव के तइयारी तेज हो गइल बा।राज्य में सितंबर में नगर निकाय चुनाव के घोषणा हो सकत बा आ अक्टूबर में मतदान करावल जाए के आसार बा। राज्य निर्वाचन आयोग सबे जिलाधिकारियन के चुनाव के तइयारी तेजी से पूरा करे के निरदेस देले बा। एमे सभे जिलन के चुनाव कोषांगन के गठन कइल, मतदाता सूची के सुधार कs के जल्दी अनुमोदन हासिल करे के कहल गइल बा।

सूत्रन के कहनाम बा कि सितंबर में नगर निकाय चुनाव के अधिसूचना जारी होई आ अक्टूबर में मतदान हो सकेला। सोमार के राज्य निर्वाचन आयोग के आयुक्त डॉ० दीपक प्रसाद के अध्यक्षता में नगर निकाय आम चुनाव, 2022 के लेके सभे जिलन के जिलाधिकारी सह जिला निर्वाचन पदाधिकारी के संगे बैठक कइल गइल। बैठक में प्रमंडलीय आयुक्त आ सभे अनुमंडलअधिकारी सामिल भइल लो। वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से भइल एह बैठक में आयोग आयुक्त डॉ० प्रसाद निकाय चुनाव के तइयारियन के समीक्षा कइले। इवीएम के कमीशनिंग संबंधी काम, निकाय के तीन पदन के मोताबिक मतगणना हॉल के आकलन, चुनाव में होखे आला खरचा के लेके नगर विकास विभाग कर राशि आवंटन के लेके पत्र भेजे, मतदातन सामग्रियन के बेवस्था आ ससमय वितरण इत्यादि कर लेके चरचा कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]