[the_ad_group id="30365"]

देर रात 15 IPS अधिकारियन के बदली, एंटी नारकोटिक्स टास्क फोर्स के गठन, डीआईजी के भइल तैनाती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शासन सोमवार देर रात 15 आईपीएस अधिकारियन के बदली क देहलस। प्रतिनियुक्ति से वापस आइल डीआईजी अब्दुल हमीद के एंटी नारकोटिक्स टास्क फोर्स के डीआईजी बनावल गइल बा। एह फोर्स का गठन पहली बेर कइल गइल बा।

11वीं वाहिनी पीएसी सीतापुर में तैनात सेनानायक अखिलेश कुमार चौरसिया के स्थापना में पुलिस अधीक्षक के पद पर तैनाती देहल गइल बा। 2016 बैच के आईपीएस अउरी अभीन तक बरेली में अपर पुलिस अधीक्षक नगर के पद पर तैनात रविंद्र कुमार को पुलिस कमिश्नरेट कानपुर में डीसीपी के पद पर तैनाती देहल गइल बा।

एहके अलावा 12 प्रशिक्षु आईपीएस अधिकारियन के भी बदली कईल गईल बा। एह सभन के बतौर अपर पुलिस अधीक्षक अउरी अपर पुलिस उपायुक्त के पद पर तैनाती देहल गइल बा। अभीन ले ई सीओ अउरी एसीपी के पद पर तैनात रहलें। लखनऊ में तैनात अनिल कुमार यादव स्थानांतरण नोएडा कर देहल गइल बा। गाजियाबाद में सहायक पुलिस अधीक्षक अभिजीत आर शंकर के अपर पुलिस उपायुक्त के पद पर लखनऊ में तैनाती देहल गइल बा।

अपर पुलिस उपायुक्त पूर्वी सैयद अली अब्बास के लखनऊ में ही तैनाती दे देहल गइल बा। 2018 बैच के साद मियां के बरेली से नोएडा, मनीष कुमार शांडिल्य के अलीगढ़ से वाराणसी कमिश्नरेट, अंकिता शर्मा के नोएडा से कानपुर नगर पुलिस कमिश्नरेट, राहुल भाटी के गोरखपुर से बरेली, अभिषेक भारती के प्रयागराज से गाजीपुर, संदीप कुमार मीणा के मथुरा से मुरादाबाद, संतोष कुमार मीणा के वाराणसी से प्रयागराज, अनिरुद्ध कुमार के अभिसूचना मुख्यालय लखनऊ से फतेहपुर अउरी लखन सिंह यादव के वाराणसी से पुलिस कमिश्नरेट कानपुर में तैनाती देहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]