Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर के दु घाटन प अबकी बेर ना भइल छठ पूजन, नगर आयुक्त बतवलें वजह 

गोरखपुर में अबकी बेर तकियाघाट आ हनुमानगढ़ी घाट प छठ पूजन के आयोजन ना होई। दरअसल नगर निगम ई डेग राप्ती नदी के बढ़त जलस्तर के देखत उठवले बा।

336

गोरखपुर में अबकी बेर तकियाघाट आ हनुमानगढ़ी घाट प छठ पूजन के आयोजन ना होई। असल में नगर निगम ई डेग राप्ती नदी के बढ़त जलस्तर के देखत उठवले बा। दूसरका ओर तट प नव निर्मित श्रीराम घाट, राजघाट आ श्रीगोरक्षघाट प सिल्ट के हटावे के काम कइल जा रहल बा। हालांकि छठ महापर्व के लेके लालडिग्गी पार्क के फब्बारा में आयोजन के तईयारी जोरन प बा।

शहर के नगर आयुक्त अविनाश कुमार सिंह बतवले कि तकियाघाट आ हनुमानगढ़ी घाट प अबकी बेर सुरक्षा के दृष्टी से छठ पूजा के आयोजन ना करावल जाई। हालांकि नौसड़, एकला बंधा, जोमिनगढ़ घाट, सूरजकुंड पोखरा, मानसरोवर मंदिर, भीम ससरोवर आ गोरखनाथ मंदिर में साफ-सफाई के संगे श्रद्धालुan के सुविधा के इंतजाम कइल जा रहल बा।

श्रीराम घाट आ श्रीगोरक्ष घाट से हटावल जा रहल बा सिल्ट

सफाई कर्मियन के मोताबिक श्रीराम घाट आ श्रीगोरक्ष घाट प मोटी सिल्ट के लाल पत्थर जमल बा। जवना के हटावल जा रहल बा। दूसरा तरफ शहर के अलग-अलग वार्डन में 100 से बेसी जगहन प कृतिम पोखरन के सफाई शुरू कइल गइल बा। ओहिजा, अतवार से पहिले एमे पानी भरल जाई।

घाटन प लाइट आ बैरिकेंडिग के इंतजाम

नगर आयुक्त अविनाश कुमार सिंह के निरदेस प घाटन प समुचित लाइट आ बैरिकेडिंग के इंतजाम कइल जा रहल बा। रास्ता में जहां किचड़ बा उहां लोहा के चद्दर बिछावल जा रहल बा। घाटन प चूना आ मैलाथियान के छिड़काव कइल गइल बा। ओहिजा पीये के लिए पानी और मोबाइल टॉयलेट की व्यवस्था की गई है।

364610cookie-checkगोरखपुर के दु घाटन प अबकी बेर ना भइल छठ पूजन, नगर आयुक्त बतवलें वजह 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.