छपरा: सदर प्रखंड प्रमुख के गइल कुर्सी; अविश्वास प्रस्ताव पs वोटिंग में पक्ष में 10 आ विपक्ष में 17 वोट पड़ल, जल्दिये होई नया प्रमुख के चुनाव

Share

छपरा सदर में प्रमुख आ उप प्रमुख के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव के माध्यम से छिड़ल सियासी घमासान के बीच आज प्रखंड मुख्यालय परिसर इस्थित सभागार में पंचायत समिति सदस्यन के बैठक बोलावल गइल। विशेष बैठक के दौरान प्रखंड प्रमुख विद्या देवी आपन कुरसी बचावे में नाकाम रहली।

बता दीं कि सदर प्रखंड प्रमुख के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव के लेके आवेदन दिहल गइल रहे। एमे प्रखंड प्रमुख के खिलाफ कइयन गो आरोप लगावत सदस्यन कावर से आपत्ति जतावल गइल रहे। ओकरा के लेके आज बैठक बोलावल गइल रहे, जवन सांझ तक चलल।

दुनो पs लागल अविश्वास प्रस्ताव के लेके विपक्षी खेमां के 17 सदस्यों के मतदान के बाद बहुमत के साथ पारित हो गइल। जबकि वर्तमान प्रखंड प्रमुख के पक्ष में कुल 10 मत पड़ल। ओहिजा, एगो मत अवैध घोषित हो गइल। एही क्रम में उप प्रमुख अवधेश राय के खिलाफ ले आवल गइल अविश्वास पs सदस्य वाक आउट कs गइल लो। लिहाजा उप प्रमुख के खिलाफ मतदान ना हो सकल आ उप प्रमुख के कुरसी बांच गइल। नया प्रखंड प्रमुख खातिर अब जोड़तोड़ के राजनीति होई।

सदर बीडीओ सह कार्यपालक पदाधिकारी विनोद आनंद बतवलें कि प्रमुख के खिलाफ ले आवल गइल अविश्वास प्रस्ताव के पक्ष में कुल 17 आ विपक्ष में 10 मत पड़ल। जबकि उप प्रमुख के खिलाफ लागल अविश्वास प्रस्ताव पs सदस्य लोग वॉक आउट कs दिहल। एह तरे प्रखंड प्रमुख के कुर्सी ना बांच सकल। नया प्रखंड प्रमुख के चुनाव खातिर जल्दिये तारीख के घोषणा कइल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-