आज से सुरू होत बा कांग्रेस के ‘भारत जोड़ो न्याय यात्रा’, मणिपुर से आरंभ होके मुंबई में होई समाप्त

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 14, 2024

  भारत जोड़ो यात्रा के बाद अब कांग्रेस पार्टी के दूसरा भाग शुरू होखे जा रहल बा। जबकि पिछला बेर ई सफर दक्खिन से उत्तर के ओर भइल रहे, अबकी बेर ई सफर पूरब से

Share

 

भारत जोड़ो यात्रा के बाद अब कांग्रेस पार्टी के दूसरा भाग शुरू होखे जा रहल बा। जबकि पिछला बेर ई सफर दक्खिन से उत्तर के ओर भइल रहे, अबकी बेर ई सफर पूरब से सुरू होके पश्चिम में खतम होखी। यात्रा 14 जनवरी से मणिपुर के थोबल से सुरू होखे वाला बा आ मार्च महीना में महाराष्ट्र के मुंबई में खतम होखे वाला बा। एह दौरान इ देश के 15 अलग-अलग राज्य से गुजरी। भारत जोडो न्याय यात्रा पहिले मणिपुर के राजधानी इंफाल से सुरू होखे के रहे लेकिन राज्य सरकार से अनुमति ना मिलला के बाद अब थोबुल से सुरू हो रहल बा।

मल्लिकार्जुन खरगे एह यात्रा के झंडा देखइहें

कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे एह यात्रा के झंडा देखइहें। ‘भारत जोडो न्याय यात्रा’ शुरू करे से पहिले राहुल गांधी थोबुल के खोंगजोम युद्ध स्मारक पs शहीदन के श्रद्धांजलि दीहें। ई एगो ऐतिहासिक स्मारक हवे, जेकर उद्घाटन 2016 में तत्कालीन राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी कइले रहलें। एह दौरान राहुल गांधी हर दिन दू गो बइठक के संबोधित करीहें।एकरा अलावे उ रोज समाज के अलग-अलग वर्ग के 20 से 25 लोग से मुलाकात करीहे। उ सामाजिक संगठन के सदस्यन से भी बातचीत करीहे।

यात्रा एह राज्यन से गुजरी

‘भारत जोडो न्याय यात्रा’ मणिपुर, नागालैंड, अरुणाचल प्रदेश, असम, मेघालय, पश्चिम बंगाल, बिहार, झारखंड, ओडिशा, छत्तीसगढ़, उत्तर प्रदेश, मध्य प्रदेश, राजस्थान, गुजरात आ महाराष्ट्र से होके गुजरी। आवे वाला लोकसभा चुनाव के देखत इs यात्रा राजनीतिक रूप से महत्वपूर्ण मानल जाता। अगिला साल अप्रैल-मई में लोकसभा चुनाव होखे के संभावना बा। 21 दिसंबर के कांग्रेस कार्यसमिति के बैठक में पार्टी के नेता लोग एह बात पs जोर देले रहले कि राहुल गांधी के पूरब से पश्चिम के यात्रा के दूसरा चरण के काम करे के चाही। एकरा बाद यात्रा के घोषणा हो गईल बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.