छपरा जिला परिषद अध्यक्ष पs लगावल गइल अविश्वास प्रस्ताव खारिज; विपक्ष कावर से मात्र 5 सदस्य पहुंच सकल लो, अध्यक्ष जयमित्रा देवी समर्थकन में खुसी 

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 16, 2024

जिला परिषद अध्यक्ष जयमित्रा देवी पs लगावल गइल अविश्वास प्रस्ताव कोरम के अभाव में सोमार के खारिज हो गइल आ जिला परिषद अध्यक्ष जय मित्रा देवी के कुरसी बांच गइल। कुरसी बचावे में मंत्री जितेंद्र

Share

जिला परिषद अध्यक्ष जयमित्रा देवी पs लगावल गइल अविश्वास प्रस्ताव कोरम के अभाव में सोमार के खारिज हो गइल आ जिला परिषद अध्यक्ष जय मित्रा देवी के कुरसी बांच गइल। कुरसी बचावे में मंत्री जितेंद्र राय आ वरिष्ठ नेता शैलेन्द्र प्रताप के खूब जादू चलल। 47 सदस्य वाला जिला परिषद में कोरम खातिर 25 पार्षदन के उपस्थिति जरूरी रहे, बाकीर पांचे पार्षद उपस्थित हो सकल लो।

फेर जिला पार्षद छविनाथ सिंह के अध्यक्ष चुनके जिप अध्यक्ष पs लगावल गइल अविश्वास प्रस्ताव के खारिज कs दिहल गइल। मालूम होखे कि जिला पार्षद रघुवंश सिंह, छविनाथ सिंह, आलोक राय, आनंद कुमार राय, इलियास हुसैन, विनोद राय, मुकेश कुमार राम, अख्तर हुसैन, जफर इकबाल, रंभा कुमारी, रामवती देवी, उर्मिला देवी, अभय, तारकेश्वर राम, गुड्डू शाह, प्रेम कुमार रंजन, हरिवंश राय, सुनील राय अविश्वास प्रस्ताव पs आपन हस्ताक्षर कइले रहे लो।

बाकिर खाली आनंद राय, आलोक राय, अख्तर हुसैन अनीता नवीन आ छविनाथ सिंह उपस्थित हो सकले लो। अविश्वास प्रस्ताव के लेके जिला प्रशासन कावर से सुरक्षा बेवस्था के पुख्ता इंतजाम कइल गइल रहे। अपना जीत पs जयमित्रा देवी कहली कि हमरा ऊपर विपक्ष कावर से बे बुनियाद आ मनगढ़त आरोप लगावल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.