[the_ad_group id="30365"]

CEO Salary: क्रेड के सीईओ कुणाल शाह कईले आपन सैलरी के खुलासा, जान के रवा चिहुंक जाईब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कम से कम वेतन लेबे के घोषणा करे वाला कंपनी के सीईओ के लिस्ट लमहर होखत जा रहल बा। अइसन सीईओ ई मानेला लोग कि कंपनी के सीईओ के वेतन कंपनी के प्रदर्शन के झलक होखे के चाही। कंपनी सीईओ के तब तक भारी-भरकम सैलरी ना लेबे के चाहीं  जब तक ले कि उ कंपनी बढ़िया मुनाफा कमाए के स्थिति में ना होखे।

हालिया उदाहरण CRED के सीईओ कुणाल शाह के बा हैं। उ हाले में खुलासा कइले कि उ एगो सफल फिनटेक कंपनी के अगुआ बनला के बादो 15,000 रुपया के ही मासिक वेतन लेले। शाह के मत बा कि जब तक क्रेड मुनाफा कमाए वाली कंपनी नइखे बनतs तब तक ले उ भारी भरकम सैलरी लेबे के अधिकारी नइखन।

सीआरईडी के सीईओ  इंस्टाग्राम पs ‘आस्क मी एनीथिंग’ नाव के एगो आयोजन से जुड़ल सत्र में अपना वेतन के खुलासा कइले रहले। शाह बतवले रहले कि उनका के महज 15,000 रुपया के मासिक वेतन मिलेला। उनकर मानल बा कि उनका के तब तक अच्छा वेतन ना मिले के चाहीं जब तक कि कंपनी लाभदायक नइखे हो जात। शाह ने ईहो बतवले कि उ एह वेतन पs जि सकत बाड़े कि उ अपना पिछला कंपनी फ्रीचार्ज के भरपूर रुपया में बेचले रहलें

एगो ट्विटर यूजर अजीत पटेल  शाह की इंस्टाग्राम स्टोरी के स्क्रीनशॉट शेयर करतs कमेंट कइले रहे  कि अइसनो सीईओ बाड़े जे करोड़ों  रुपया में वेतन कमाले , जबकि कुणाल शाह नियन सीईओ 15,000 रुपया के मामूली वेतन कमाले  उनका एह पोस्ट के दु हजार से बेसी लाइक मिलल बा आ 1,73,500 से बेसी बेर देखल गइल बा।

शाह के एह खुलासा पs सगरो से मिलल जुलल प्रतिक्रिया मिलल बा । कुछ लोग कंपनी के लाभदायक होखे तक ले उच्च वेतन ना लेवे के उनका एह फसिला के सराहना कइले बाड़े ओहिजे कुछ लोगन के मानल बा कि अईसन कुल्ह् घोषणा महज आयकर से बचे के तरीका हs। उनकर तरक बा  कि कुछ लोगन  के अइसन चीजन से कवनो फरक नईखे पड़त, काहें कि ओह लोगन के लगे एकर भरपाई करे के कई गो अउरी तरीका बा।
एगो यूजर लिखलस, ‘भाई,रवा आपन ज्यादातर स्टार्टअप्स के बारे में जवन बात कर रहल बानी, उ तs घाटा में चल रहल बा आ निवेशकन के पईसा जरा रहल बा एह स्थिति में रवा हिसाब से तs सैलरी लेबहीं के ना चाहीं । स्टार्टअप्स के प्रॉफिटेबल बनावे पs ध्यान देबे के चाहीं, ना कि निवेशक के पूंजी जरावे पs।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]