[the_ad_group id="30365"]

प्रयागराज : उमेश पाल हत्याकांड के शूटर अरबाज के पुलिस कइलस ढेर, धूमनगंज के पीपलगांव में भईल मुठभेड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उमेश पाल हत्याकांड के शूटर अरबाज के पुलिस  एनकाउंटर में मार गिरवलस। पुलिस ई  दावा कर रहल बिया कि अरबाज  क्रेटा कार चलावत रहे , जवना पs सवार होइके शूटर कुल उमेश पाल के हत्या करे खातिर आइल रहले ।

धूमनगंज में उमेश पाल आ सिपाही संदीप निषाद के हत्या में शामिल अरबाज के आजू सोमार के एनकाउंटर में मार गिरावल गइल। शूटर कुल्ह जवना क्रेटा गाड़ी से उमेश पाल पs हमला कइले रहले ,उ गाड़ी अरबाजे चलावत रहे। चकिया क्षेत्र में हमला में परयोग क्रेटा कार बरामद होखला के बाद इंजन आ चेचिस नंबर से पुलिस आरोपी अरबाज तक पहुंच गईल। सोमार के दुपहरिया के बेरा पीपल गांव क्षेत्र में अरबाज के होखे के सूचना पs पुलिस  घेराबंदी कइलस पुलिस के देखी के अरबाज  फायरिंग करे लगुए। जवाबी फायरिंग में अरमान के ढेर कई दिहल गइल। मुठभेड़ में धूमनगंज इंस्पेक्टर के दाहिना हाथ में गोली लागल बा जवना से उ घायल बाड़े आ उनकर इलाज जिला अस्पताल में चल रहल बा।

असल में  मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सदन में दिहल गइल माफिया लोगन पs बयान के असर के तउर पs एह करवाई के देखल जा रहल बा।

अब देखे वाला बात ई रही कि उमेश पॉल हत्या कांड के आरोपियन के सजा कतना जल्दी मिल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]