[the_ad_group id="30365"]

केंद्र सरकार के बड़ फैसला, अब देश भर के 18-59 साल के लोग के कोरोना वैक्सीन के बूस्टर डोज मुफ्त में मिली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

18 से 59 साल के उमिर समूह के लोग देश के सरकारी टीकाकरण केन्द्रन पर कोरोना टीका के बूस्टर मने थर्ड डोज निशुल्क करा सकेला. ई 75 दिन के एगो विशेष अभियान का तहत कइल जाई जवन 15 जुलाई से शुरू हो रहल बा. बुध का दिने केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर ई जानकारी दिहलन. अनुराग ठाकुर कहले कि कोविड बूस्टर डोज के बारे में जागरूकता बढ़ावे के मकसद से भारत के आजादी के 75 साल के मौका प ‘आजादी का अमृत महोत्सव’ के तहत एगो अभियान चलावल जाई।

एकरा संगे-संगे एगो अधिकारी कहले कि 18 से 59 साल के 77 करोड़ पात्र आबादी में से अभिन तक एक प्रतिशत से कम लोग के निवारक खुराक दिहल गईल बा। हालांकि 60 साल से ऊपर के करीब 16 करोड़ लोग अवुरी स्वास्थ्यकर्मी अवुरी फ्रंटलाइन के करीब 26 प्रतिशत लोग के बूस्टर डोज दिहल गईल बा। अधिकारी कहले कि भारत के अधिकांश आबादी के दुसरकी खुराक 9 महीना पहिले भईल रहे।

आईसीएमआर आ अउरी अंतर्राष्ट्रीय रिसर्च इंस्टीट्यूट सभ में भइल अध्ययन सभ से पता चलल बा कि टीका के दू गो सुरुआती खुराक के बाद लगभग छह महीना में एंटीबॉडी के स्तर में गिरावट आवे लागे ला आ बूस्टर खुराक से प्रतिरक्षा बढ़ जाला। उ कहले कि एहीसे सरकार 75 दिन तक एगो विशेष अभियान चलावे के योजना बनावतिया, जवना में 18 साल से 59 साल के उम्र के लोग के 15 जुलाई से सरकारी टीकाकरण केंद्र प मुफ्त में निवारक खुराक दिहल जाई, दूसरा अवुरी एहतियात के बीच के अंतराल कोविड टीका के खुराक नौ महीना से घटा के छह महीना कर दिहल गइल. ई टीकाकरण पर राष्ट्रीय तकनीकी सलाहकार समूह के सिफारिश पर कइल गइल.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]