सीबीआई करी सोनाली फोगाट मौत ममिला के जांच, गृह मंत्रालय देलस मंजूरी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 12, 2022

गोवा में हाई प्रोफाइल सोनाली फोगाट मौत ममिला के जांच अब सीबीआई करी। सूत्रन के मोताबिक गृह मंत्रालय जांच के सिफारिश कs देले बा। एकरा पहिले गोवा के सीएमो सीबीआई जांच के बात कहले रहले।

Share

गोवा में हाई प्रोफाइल सोनाली फोगाट मौत ममिला के जांच अब सीबीआई करी। सूत्रन के मोताबिक गृह मंत्रालय जांच के सिफारिश कs देले बा। एकरा पहिले गोवा के सीएमो सीबीआई जांच के बात कहले रहले। ओहिजा सोनाली फोगाट के परिवारो लगातार सीबीआई जांच के मांग कs रहल बा। अतवार के हिसार के एगो धर्मशाला में इहे मांग के लेके एगो खाप पंचायत बोलावल गइल रहे। फोगाट के बेटी यशोधरा पहुंचल रहली।

हरियाणा सरकार कइले रहे मांग

सोनाली फोगाट ममिला के जांच गोवा पुलिस करत रहे। हालांकि हरियाणा के मुख्यमंत्री मनोहरलाल खट्टर पहिलही कहले रहले कि ममिला के सीबीआई जांच होखे के चाही। ऊ कहले रहले कि गोवा पुलिस के जांच से जदि परिवार संतुष्ट ना होई तs ई केस सीबीआई के सउप देवे के चाहीं। गोवा पुलिस के टीम पिछला कई दिनन से गुरुग्राम, नोएडा आ आउर जगहन पs जाके सबूत जुटावे में लागल रहे।

बता दीं कि बीतल 23 अगस्त के सोनाली फोगाट के संदिग्ध परिस्थितियन में मौत हो गइल रहे। गोवा के अंजुना अस्पताल में उनका के मृत ले आवल गइल रहे। एह ममिला में फोगाट के पीए सुधीर सांगवान आ एगो आउर शख्स के गिरफ्तार कइल गइल जे ड्रग्स देवे के बात कबूल कइले बा। ऊ लोग मानल कि सोनाली के दु बेर ड्रग्स दिहल गइल रहे।पहिले बतावल गइल रहे कि उनकर मौत दिल के दौरा पड़ला से भइल बा। बाद में पोस्टमॉर्टम रिपोर्ट में सोझा आइल कि उनका देह प चोट रहे।

एह ममिला मामले में ड्रग तस्करी में शामिल तीन लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा। सोनाली फोगाट के भतीजा विकास सिंघमार कहले रहस कि गोवा पुलिस प राजनीतिक प्रभाव बा एहिसे निष्पक्ष जांच नइखे हो पावत। ओहिजा सोनाली फोगाट के बेटी प्रधानमंत्री के पत्र लिखके सीबीआई जांच के मांग कइले रहली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.