[the_ad_group id="30365"]

योगी सरकार के बड़ फैसला: नए पैटर्न से होई यूपी बोर्ड 10वीं-12वीं के परीक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद के हाई स्कूल बोर्ड परीक्षा-2023 नया पैटर्न से होई। परीक्षा में एक प्रश्न पत्र बहुविकल्पीय देहल जाई, जेकर उत्तर ओएमआर शीट पर देवे के होई। 2025 से इंटरमीडिएट बोर्ड परीक्षा में भी ई पैटर्न लागू कइल जाई। उहवें विद्यार्थियन के स्वरोजगार से जोड़े खातिर कक्षा 9वीं अउर 11वीं में इंटर्नशिप कार्यक्रम लागू कइल जाई।
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सामने बुधवार के बेसिक, माध्यमिक अउर उच्च शिक्षा अउर खेल विभाग के आगामी योजना के प्रस्तुतीकरण कइल गइल। आगामी पांच वर्ष में सब ब्लॉक में हाई स्कूल अउर इंटर कॉलेज के स्थापना कइल जाई।
माध्यमिक शिक्षा विभाग के प्रस्तुतीकरण में अपर मुख्य सचिव आराधना शुक्ला बतवली कि प्रदेश में राज्य विद्यालय मानक प्राधिकरण के स्थापना कइल जाई। प्राधिकरण के जरिये पांच वर्ष में विद्यालय के मूल्यांकन अउरी सर्टिफिकेशन कइल जाई। विद्यालय में विद्यार्थियन के रोजगान्मुख शिक्षा खातिर कौशल विकास के प्रशिक्षण अउर प्रमाण-पत्र देहल जाई।

सब विद्यालय में स्मार्ट क्लासरूम, रियल टाइम मानिटरिंग, स्टूडेंट ट्रैकिंग सिस्टम अउर एकीकृत डाटा प्रबंधन प्रणाली के व्यवस्था लागू कइल जाई।

मुख्यमंत्री कहने कि यूजीसी एक संगे दू डिग्री लेहले खातिर स्वीकृति देहले बा। प्रदेश में यूजीसी के गाइडलाइन के अनुसार योजना बनवले के निर्देश देहने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]