[the_ad_group id="30365"]

DDU में एमएड में प्रवेश खातीर काउंसलिंग आजु, स्टूडेंट्स के हंगामा के वजह से 13 सितंबर के रोकल गइल रहें काउंसलिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में एम.एड के काउंसलिंग बुधवार से शुरू हो रहल बा।एकरा से पहिले इ काउंसलिंग 12 सितंबर से शुरू भईल रहे। लेकिन वेटेज में गड़बड़ी के लेके उम्मीदवारन के हंगामा के बाद विश्वविद्यालय एकरा पs रोक लगा देले रहे। मंगल के देर साँझ विश्वविद्यालय प्रशासन काउंसलिंग खातिर कटऑफ लिस्ट वेबसाइट पs अपलोड कs दिहलस जवन बियफे ले जारी रही। संगही, उम्मीदवार के कटऑफ सूची के मुताबिक निर्धारित समय पs सभ दस्तावेज के संगे मौजूद रहे के निर्देश दिहल गईल बा।

एकरा से पहिले डीडीयू में 12 से 19 सितंबर ले काउंसलिंग के तारीख के घोषणा भईल रहे। काउंसलिंग के ठीक दूसरा दिन छात्र वेटेज में मनमानी अंक देवे के आरोप लगावत हंगामा मचवले। हंगामा के बाद उहाँ पहुंचल अधिकारी के उम्मीदवार के आरोप सही लागल। एकरा बाद काउंसलिंग पs रोक लगा दिहल गईल।

कॉम आ पीजी में दाखिला खातिर कटऑफ जारी 

गोरखपुर विश्वविद्यालय प्रशासन एकल विषय आ शिक्षा के पीजी में दाखिला खातिर 25 फीसदी सीट बढ़ोतरी लागू कइले बा। एकरा बाद एमए सोशियोलॉजी, एमए अर्थशास्त्र, एमए साइकोलॉजी, एमए हिंदी विषय के साथे बी.कॉम, एम.कॉम में दाखिला खातिर एगो ताजा कटऑफ जारी कइल गइल बा। विश्वविद्यालय प्रशासन काउंसलिंग खातिर कटऑफ लिस्ट अपना वेबसाइट पs अपलोड कर दिहले बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]