[the_ad_group id="30365"]

शराब घोटाला केस में अरविंद केजरीवाल के खिलाफ चली मुकदमा, LG ईडी के दिहलस मंजूरी

अरविंद केजरीवाल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के मुख्यमंत्री रहल अरविंद केजरीवाल खातिर दिक्कत बढ़ गइल बा. दिल्ली शराब घोटाला से जुड़ल कथित मनी लांड्रिंग मामला में अरविंद केजरीवाल पs मुकदमा चलावे खातीर उपराज्यपाल वीके सक्सेना ईडी के मंजूरी दे देले बाड़े। एs मामला में ईडी केजरीवाल के मास्टरमाइंड कहले रहले। ईडी 21 मार्च के दिल्ली के तत्कालीन मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के गिरफ्तार कs लिहले रहे अवुरी मई में उनुका, पार्टी अवुरी बाकी लोग के खिलाफ आरोप पत्र दायर कईले रहे। 


शराब घोटाला के मामला में अपना आखिरी आरोप पत्र में ईडी अरविंद केजरीवाल के संगे मनीष सिसोदिया के एs घोटाला के मास्टरमाइंड के रूप में नामित कईले बिया। एजेंसी के कहनाम बा कि केजरीवाल अवुरी सिसोदिया दक्षिण के पैरवी के मदद खातीर आबकारी नीति 2021-22 में बदलाव कईले, जवना में कथित तौर पs 100 करोड़ रुपया के घूस दिहल गईल। जदी सूत्र पs विश्वास कईल जाए तs दिहल गईल 100 करोड़ रुपया के घूस में से आम आदमी पार्टी गोवा विधानसभा चुनाव प्रचार में 45 करोड़ रुपया के इस्तेमाल कईले रहे।

दिल्ली विधानसभा चुनाव से पहिले आम आदमी पार्टी के ई एगो बड़हन झटका बा. राजधानी में फरवरी महीना में विधानसभा चुनाव हो सकेला। एकरा खातीर तमाम दल के तैयारी जोर-शोर से चलता। आम आदमी पार्टी भी दिल्ली विधानसभा चुनाव खातिर अपना सगरी उम्मीदवारन के सूची जारी कइले बिया. अयीसना में ईडी के मंजूरी के बाद केजरीवाल अवुरी आप के समस्या बढ़ सकता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]