Delhi Election: सीएम आतिशी के सामने होहिहें अलका!… 28 सीटन पs बनल बात

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 24, 2024

दिल्ली में विधानसभा चुनाव के तइयारी जोर शोर से चलत बा. मिलल जानकारी के मुताबिक दिल्ली में कांग्रेस नेता के सीट के लेके एगो बैठक चलता। कांग्रेस आजु उम्मीदवारन के दुसरका सूची जारी कs सकेले.

Share

सीएम आतिशी आ कांग्रेस नेता अलका लांबा

दिल्ली में विधानसभा चुनाव के तइयारी जोर शोर से चलत बा. मिलल जानकारी के मुताबिक दिल्ली में कांग्रेस नेता के सीट के लेके एगो बैठक चलता। कांग्रेस आजु उम्मीदवारन के दुसरका सूची जारी कs सकेले. एह बइठक में 28 गो सीट पs चरचा भइल बा जबकि सात गो सीट पs चरचा अबहीं ले लंबित बा.

दिल्ली चुनाव खाती 28 सीट पs उम्मीदवार के नाव लगभग फाइनल हो चुकल बा। जबकि अलका लांबा सीएम अतिशी के सामने कालका जी सीट से उम्मीदवार हो सकेले। जबकि सीमापुरी से राजेश लिलोठिया, जंगपुरा से फरहाद सूरी, मटिया महल से असीम अहमद आ बिजवासन से देवेंद्र सेहरावत उम्मीदवार हो सकेलें.

आसिम अहमद मटिया महल विधानसभा से उम्मीदवार हो सकेलें
मटिया महल विधानसभा से विधायक रहल आ खाद्य आपूर्ति मंत्री रहल आसिम अहमद खान कांग्रेस में शामिल हो गइल बाड़न. आसिम अहमद खान 2015 से 2020 ले आम आदमी पार्टी के विधायक रहले

आसिम अहमद खान कांग्रेस में शामिल होखे के फैसला दिल्ली कांग्रेस अध्यक्ष देवेंद्र यादव अवुरी बाकी वरिष्ठ नेता के मौजूदगी में कईले। उs कहले कि कांग्रेस के विचारधारा अवुरी नीति उनुका के पार्टी में शामिल होखे खातीर प्रेरित कईलस।

साल 2015 में आप के टिकट पs भारी वोट से मटिया महल विधानसभा सीट जीतले अवुरी अरविंद केजरीवाल सरकार में खाद्य आपूर्ति मंत्री के पदभार संभाल लेले। हालांकि बाद में कथित भ्रष्टाचार के आरोप के चलते उनुका के मंत्री पद से हटा दिहल गईल।

आसिम अहमद खान के कांग्रेस में शामिल होखल दिल्ली के राजनीति में महत्वपूर्ण मानल जाला। खास तौर पs अगिला विधानसभा चुनाव के देखत कांग्रेस खातीर इs एगो महत्वपूर्ण कदम बा, जवना से पार्टी के अल्पसंख्यक वोट के मजबूत करे में मदद मिल सकता।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ 70 के दशक के सुपर हिट हीरो जेकरा के ओवर कॉन्फिडेन्स कs दिहलस करियर बर्बाद

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.