[the_ad_group id="30365"]

6 शिक्षकन के चयन हो सकता बा रद्द, ममिला विभाग के भेजल गया: सर्टिफिकेट में मिलल गड़बड़ी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार लोक सेवा आयोग (बीपीएससी) कावर से चयनित जिला के छह शिक्षकन के चयन रद्द कइल जा सकत बा। एकरा के लेके जिला शिक्षा विभाग के ओर से कइल गइल जांच में छव गो शिक्षकन के शैक्षणिक प्रमाणपत्रन में गड़बड़ी पावल गइल बा। जवना के बाद चयनित अभ्यर्थियन के नियुक्ति पत्र नइखे दिहल गइल। एह ममिला के विभाग के लगे रेफर कs दिहल गइल बा।

एह ममिला में जिला शिक्षा पदाधिकारी राजकुमार शर्मा बतवलें कि बीपीएससी कावर से चयनित कुछ अभ्यर्थी लोगन के क्लासिफिकेशन में कुछ अंतर रहे। प्लस टू हs तs ओमे पीजी होखल चाहत रह। बाकिर ओह लोगन के इंटर रहे। ज्वाइन लेटर नइखे दिहल गइल। कुछ अइसन अभ्यर्थी बा लो जेकरा लगे हाई स्कूल खातिर STET होखे के चाहीं। बाकिर ऊ CTET से चल आइल बा लो। इहे सब कुछ अंतर रहे। एकता कारण ओह  लोग के ज्वाइन लेटर ना दिहल गइल। विभाग के रेफर कs दिहल गइल बा।

अइसन अभ्यर्थियन पs कार्रवाई के सवाल पs ऊ बतवलें कि जब एह लोगन के क्वालिफिकेशन ना होई लो तो ई लोग चयन मुक्त हो जाई। बता दीं कि जिला शिक्षा विभाग के ओर से जारी कइल गइल कार्रवाई के रिपोर्ट में सामिल शिक्षकन में अपूर्वा दुबे, फैयाजुल हक, मधु कुमारी, साधना विश्वकर्मा, शांभवी पटेल आ अर्चना मिश्रा सामिल बा लो।

इन शिक्षकों को 1 दिसंबर, 2023 को नियुक्ति पत्र दिया गया था। लेकिन 5 दिसंबर, 2023 को जिला शिक्षा पदाधिकारी राजकुमार शर्मा ने इनकी जांचोपरांत के बाद चयन को रद्द करने के लिए सिफारिश की गई है

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]