[the_ad_group id="30365"]

MMMUT में बड़ पैमाना पs भइल प्रशासनिक फेरबदल: कइयन डीन के पदन पs नया तैनाती भइल, कुछ नया पद सृजित भइल, प्रोफेसर वीके बनलें डीन इंटरनेशनल अफेयर्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी यूनिवर्सिटी में बड़ पैमाना पs प्रशासनिक फेरबदल कइल गइल बा। यूनिवर्सिटी में डीन्स के पदनाम आ कार्यभार में बदलाव कइल गइल बा। नवंबर में भइल यूनिवर्सिटी मैनेजमेंट बोर्ड के मीटिंग में एकार प्रस्ताव पारित कइल गइल रहे। जवना के पीछे के तर्क दिहल गइल रहे कि बदलत जरूरतन के अनुसार नया डीन के पद सृजित कइल जाये के चाही आ तैनात डीन्स के कार्यभार में बदलाव होखे के चाहीं।

प्रोफेसर वीके मिश्र बनलें डीन ग्रेजुएशन स्टडी

एही क्रम में यूनिवर्सिटी प्रशासन आज नया डीन्स के पद सृजन के संगही कार्यभार में परिवर्तन संबंधी आदेश जारी कs दिहल गइल बा। गणित डिपार्टमेंट के प्रोफेसर वीके मिश्र के डीन ग्रेजुएशन स्टडी नियुक्त कइल गइल बा। एकरा पहिले एह पद पs प्रो. पीके सिंह तैनात रहलें। कंप्यूटर साइंस डिपार्टमेंट के प्रो. पीके सिंह के नवसृजित पद डीन विस्तार, क्षेत्र गतिविधिय आ पुरातन छात्र संबंध नियुक्त कइल गइल बा। इलेक्ट्रिकल इंजीनियरिंग डिपार्टमेंट के प्रो. वीके गिरी के डीन स्टूडेंट वेलफेयर नियुक्त कइल गइल बा। एकरा पहिले एह पद पs प्रो. एएन तिवारी तैनात रहलें।

प्रोफेसर वीके द्विवेदी बनलें डीन इंटरनेशनल अफेयर्स

कंप्यूटर साइंस डिपार्टमेंट के प्रो. राकेश कुमार के नव सृजित पद पs डीन शोध आ प्रोफेशनल प्रैक्टिसेज बनावल गइल बा। प्रो. राकेश कुमार अब तक छात्र क्रिया कलाप परिषद के अध्यक्ष रहलें। उनका स्थान पs फिजिक्स डिपार्टमेंट के प्रो. बीके पांडेय के अध्यक्ष, छात्र क्रिया कलाप परिषद बनावल गइल बा।  सिविल इंजीनियरिंग डिपार्टमेंट के राम दुलार के प्रभारी अधिष्ठाता, अवस्थापना आ नियोजन नियुक्त कइल गइल बा।

ट्रेनिंग आ प्लेसमेंट सेल के प्रभारी प्रो. वीके द्विवेदी के नवसृजित डीन इंटरनेशनल अफेयर्स बनावल गइल बा। एह पद पs पहिले से तैनात प्रो. यूसी जायसवाल के डीन फैकल्टी अफेयर्स आ डीन पोस्ट ग्रेजुएशन स्टडीज प्रो. संजय मिश्र पहिले से निर्धारित कार्यकाल पूरा करे भा अगिला आदेश तक पद पs बनल रहिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]