[the_ad_group id="30365"]

ASP काम्या मिश्रा के एएसपी पति सड़क हादसा में घायल: साइकिल सवार के टक्कर मारके पुलिस गाड़ी पेड़ से टकराइल, 4 पुलिसकर्मी घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना के पालीगंज में सनीचर के एएसपी के गाड़ी से कुचलके एगो साइकिल सवार के मौत हो गइल बा। एक्सीडेंट के बाद एएसपी के गाड़ी पेड़ से टकरा गइल। घटना में एएसपी समेत चार लोग घायलो हो गइल बा। एएसपी अवधेश सरोज दीक्षित एएसपी काम्या मिश्रा के पति हवे।

स्थानीय ग्रामीण लोग गाड़ी में फंसल एएसपी अवधेश सरोज दीक्षित समेत चालक आ बॉडीगार्ड के बाहर निकालल आ आनन-फानन में निजी अस्पताल में चारों के भर्ती करावल गइल। प्राथमिक इलाज के बाद डॉक्टर्स बेहतर इलाज खातिर एएसपी के पटना रेफर कs दिहल गइल बा। अवधेश सरोज दीक्षित के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा

एएसपी अवधेश सरोज दीक्षित के पत्नी काम्या मिश्रा खुद एएसपी बाड़ी।

 

एएसपी अवधेश सरोज दीक्षित अपना सरकारी गाड़ी से कवनो काम से पटना जात रहलें। एह दौरान महजपुरा नहर रोड पs अचानक से विपरीत दिशा से साइकिल सवार व्यक्ति गाड़ी के चपेट में आ गइल। एएसपी के गाड़ी एह घटना के बाद अनियंत्रित होकर पेड़ से जा टकराइल। साइकिल सवार के पहचान नौबतपुर थाना क्षेत्र के फरीदपुर गांव निवासी विमलेश कुमार रूप में भइल बा।

एक्सीडेंट के बाद एएसपी के क्षतिग्रस्त कार।

 

विक्रम थाना प्रभारी बतवलें कि सड़क दुर्घटना में एगो व्यक्ति के मौत भइल बा। फिलहाल शव के कब्जा में लेके कानूनी प्रक्रिया पूरा कइला के बाद पोस्टमॉर्टम खातिर अनुमंडल अस्पताल भेज दिहल गइल बा। संगही एएसपी के क्षतिग्रस्त गाड़ी के जब्त कs  लिहल गइल बा आगे के कार्रवाई कइल जा रहल बा। मृतक के पहचान नौबतपुर थाना क्षेत्र के फरीदपुर गांव निवासी विमलेश कुमार के रूप में भइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]