[the_ad_group id="30365"]

इलेक्ट्रिक भा पेट्रोल व्हीकल? कवन बा जादे किफायती, कन्फ्यूजन के करीं दूर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जवन लोग कार किने के प्लान बना रहल बा, ओकरा मन में एक बेर जरूर इलेक्ट्रिक आ पेट्रोल कार के लेके कंफ्यूजन होला। हाल के दिनन में बहुत सारा लोग पेट्रोल व्हीकल से इलेक्ट्रिक गाड़ी के तरफ स्विच कs रहल बा। एतनही ना लोगन के एकरा के लेवे से पहिले मन में ई सवाल जरूर आवेला कि इलेक्ट्रिक आ पेट्रोल व्हीकल में से कवना के चलावे पs कॉस्ट कम आई। राउर ई टेंशन के हमनी के इहवां दूर कs रहल बानी सs। हमनी के इहां पs रउआ के बता रहल बानी कि इलेक्ट्रिक आ पेट्रोल व्हीकल में से कवन जादे किफायती बा।

Electric Car vs petrol Car: कवना के चलावे में कम खर्च?

पेट्रोल कार

अगर रनिंग कॉस्ट माने कार के चलावे में आवे वाला खर्च के बात करीं तs एगो पेट्रोल कार पs प्रति किलोमीटर खर्च 7-8 रुपिया तक आवेला। ओहिजा, इलेक्ट्रिक कार ई खरचा खाली 1-1.5 रुपिया प्रति किलोमीटर बा। जदि एगो पेट्रोल कार महीना में 1,500 किलोमीटर तक चलत बा आ ह मान लेत बानी कि ओकर माइलेज 12-15 किलोमीटर तक बा। एह हिसाब से एक महीना में राउर कार में 12,000 रुपिया के पेट्रोल डलवावे के पड़ी। हाल के समय में दिल्ली में पेट्रोल के कीमत 94.72 रुपिया प्रति लीटर बा।

इलेक्ट्रिक कार

ओहिजा, जदि राउर एगो इलेक्ट्रिक कार के करीब पेट्रोल गाड़ी जेतना तक चलत बा, जवना के रेंज मान लेत बानी 350 किलोमीटर बा। हाल के समय में दिल्ली में बिजली के औसत लागत 6.11 रुपिया प्रति यूनिट बा। इलेक्ट्रिक कार के पूरा तरे से चार्ज करे में करीब 20 यूनिट खर्च होला। जवना के हिसाब से एकरा चलावे में रउआ के करीब 2500 रुपिया के खर्च करे के पड़ी। एह तरे से रउआ हर महीना इलेक्ट्रिक कार चलाके 10,000 रुपिया तक के बचत कs सकत बा।

Electric Car vs petrol Car: मेंटेनेंस

इलेक्ट्रिक कार के मेंटेनेंस पेट्रोल इंजन के तुलना में बहुत कम होला। ओहिजा, पेट्रोल कार में जादे कंपोनेंट होला।  एमें सर्विस से लेके बाकि कइयन चीजन के खरचा होला।

Electric Car vs petrol Car: प्रदूषण

पेट्रोल आ डीजल वाली गाड़ी इलेक्ट्रिक कार के तुलना में बहुत जादे हवा के प्रदूषित करेली सs, जवना से ग्लोबल वार्मिंग के खतरा बढ़ रहल बा। ओहिजा, इलेक्ट्रिक गाड़ियन से बहुते कम मात्रा में वायु प्रदूषण होला।

Electric Car vs petrol Car: जीवनकाल

हाले में दिल्ली सहित कइयन राज्य 10 साल से जादे पुरान पेट्रोल आ डीजल कार के हटा देले बा, जबकि इलेक्ट्रिक कार रउआ आराम से 15 साल तक चला सकत बानी। ओहिजा, कइयन रिपोर्ट्स में दावा कइल गइल बा कि इलेक्ट्रिक कार के बैटरी 10-12 साल तक आराम से चल सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]