[the_ad_group id="30365"]

मशरक : वरिष्ठ भाजपा नेता रामेश्वर तिवारी के निधन, क्षेत्र में शोक के लहर

वरिष्ठ भाजपा नेता रामेश्वर तिवारी के सनीचर के निधन हो गइल। फोटो-मशरक न्यूज
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण) : थाना क्षेत्र अंतर्गत खजुरी पंचायत के गनौली गांव निवासी आ भाजपा के वरिष्ठ नेता रामेश्वर तिवारी (94 साल) के सनीचर के निधन हो गइल। निधन के खबर मिलतही क्षेत्र में शोक के लहर दउर गइल।

बता दीं कि ऊ भाजपा नेता मनोज तिवारी आ पिंटू तिवारी के बाबूजी रहस। उनका निधन पs भाजपा सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवाल कहलें कि रामेश्वर तिवारी पार्टी के एगो कर्मठ, संघर्षशील, इमानदार सिपाही रहस, जे अब ना रहलें। उनका निधन से पार्टी के अपूरणीय क्षति भइल बा।

शोक व्यक्त करे वालन में महाराजगंज के भाजपा सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवल, बनियापुर के पूर्व विधानसभा प्रत्याशी वीरेंद्र ओझा, भाजपा किसान मोर्चा के जिला उपाध्यक्ष रविरंजन सिंह मंटू, जिला भाजपा के प्रवक्ता त्रिभुवन तिवारी, जिला भाजपा युवा मोर्चा के जिला मंत्री धीरज कुमार सिंह, भाजपा नेता धमेंद्र सिंह, लोजपा के प्रखण्ड अध्यक्ष सुनिल कुमार सिंह, संतोष तिवारी, अशोक तिवारी, सुरेन्द्र तिवारी, दुरगौली पंचायत के मुखिया प्रतिनिधि सत्येन्द्र सिंह आ सरपंच मिथलेश सिंह मुख्य बा लो।

साभार: मशरक न्यूज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]