[the_ad_group id="30365"]

Air Strike : कंबोडिया-थाइलैंड के बीच फेर बढ़ल तनातनी, हवाई हमला जारी, झड़प में एगो थाई सिपाही के मौत 

Cambodia-Thailand border tension with ongoing air strikes and military conflict
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्र्रल डेस्क। थाइलैंड आ कंबोडिया के बीच विवादित सीमा इलाका में फेर तनाव बढ़ गइल बा। थाइलैंड आपन हवाई हमला सुरू कs देले बा। थाई सेना के अफसर लोग बतावल कि ई कार्रवाई तब भइल, जब दुनो देस एक-दोसरा पs अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप द्वारा करावल गइल संघर्षविराम समझौता तुड़े के आरोप लगवलस।

थाई सेना के मोताबिक, पूर्वी प्रांत उबोन रत्चाथानी के दुगो इलाका में भइल ताजा झड़प में एगो थाई सिपाही मर गइल आ चार लोग घायल हो गइल। सेना कहलस कि कंबोडिया के ओर से गोलीबारी भइल, जवना के जवाब में थाइलैंड कइयन गो सैन्य ठिकानन पs हवाई हमला सुरू कइलस।

ओने, कंबोडिया के रक्षा मंत्रालय कहलस कि थाई सेना आज भोरे ओकरा दुगो सैन्य ठिकानन पs हमला कइलस। मंत्रालय दावा कइलस कि पिछिला कइयन दिन से थाई सेना उकसावेवाला गतिविधि करत बिया, बाकिर कंबोडियाई सैनिक जवाबी कार्रवाई नइखे करत लाेग।

जुलाई में पांच दिन चलल संघर्ष

दुनो देसन में जुलाई महीना में तनातनी बढ़ गइल रहे। पांच दिन तक लड़ाई चलल। बाद में मलेशिया के PM अनवर इब्राहिम आ ट्रंप के मध्यस्थता में संघर्षविराम भइल। अक्टूबर में कुआलालंपुर में दुनो देस विस्तारित शांति समझौता पs हस्ताक्षर कइले रहे। जुलाई के संघर्ष में 48 लोग मरल रहे आ करीब तीन लाख लोगन के अस्थायी रूप से घर छोड़े के पडल रहे। दुनो ओर से भारी तोप आ रॉकेट चलल रहे।

घायल सिपाही के बाद थाई सेना रोकलस समझौता

पिछिला महीना एगो लैंडमाइन विस्फोट में थाइलैंड के एगो सिपाही घायल भइल, ओकरा बाद थाई सरकार कंबोडिया के संगे संघर्षविराम समझौता रोक देहलस। थाई सेना बतवलस कि सीमा के चार जिला से 3 लाख 85 हजार से जादे नागरिकन के सुरक्षित जगह भेजल जा रहल बा आ 35 हजार से जादे लोग अस्थायी शिविर में पहुंच चुकल बा।

100 साल पुरान सीमा विवाद

थाइलैंड आ कंबोडिया के बीच 817 किलोमीटर लमहर जमीनी सीमा विवाद करीब सौ साल से चल रहल बा। कुछ हिस्सा पs संप्रभुता के विवाद बा। 1907 में फ्रांस जब कंबोडिया पs राज करत रहे, तs पहिला बेर ई सीमा के नक्शा बनवलस। बाद में कइयन बेर तनाव भड़क चुकल बा। 2011 में एक हफ्ता तक तोप के लड़ाई भइल रहे। एकरा बादो दुनु देस हमेसा कोसिस करत रहे कि विवाद के शांतिपूर्ण तरीका से सुलझावल जाये।

Read Also: IndiGo Crisis के बीच रेलवे के बड़ पहल, हावड़ा-दिल्ली आ मुंबई रूट पs स्पेशल ट्रेन; देखीं सूची

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]