Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आलू लछा पकउड़ी में एह एक चीज के मिला के बनवले से पकउड़ी अउरी कुरकुर आ क्रिस्पी हो जाई, आलू लछा पकउड़ी

513

रउरा सभे प्याज के पकउड़ी खइले होखब काहे कि ई सबके पसंदीदा नाश्ता ह। लेकिन ए लेख में हमनी के बताईब जा कि कच्चा आलू ae प्याज के पकउड़ी कईसे बनावल जाला, जवन कि बहुत आसान आ जल्दी तैयार होखेला। एह आलू के पकउड़ी के स्वाद के कवनो जवाब नईखे, इ खाए में बहुत स्वादिष्ट आ कुरकुर लागेला। अगर रउरा लगे समय कम बा आ रउरा कुछ आसान नाश्ता बनावे के सोचत बानी त चाहे बरखा होखे, जाड़ा होखे आ गर्मी, रउरा एह तरह से आलू के पकउड़ी आसानी से बना सकेनी-

 

सामग्री (Ingredients) –

Gram Flour बेसन – 1 कप

Red chilli powder लाल मिरचा पाउडर – 1/2 छोट चम्मच

Green chilli हरीहर मिरचा 2

Cumin जीरा – 1/2 छोट चम्मच

Grated ginger कद्दूकस कइल अदरक – 1 छोट चम्मच

Coriander powder धनिया पाउडर – 1/2 छोट चम्मच

Turmeric powder हरदी पाउडर – 1/2 छोट चम्मच

Salt to taste नमक स्वादानुसार

Water पानी आवश्यकता अनुसार

Onion प्याज – 2

Raw Potato कच्चा आलू – 2

Some coriander leaves तनिसा सा हरीहर धनिया

पकउड़ी कइसे बनावल जाला –

• पहिले कच्चा आलू के छील के धो लीं, ओकरा बाद मोट-मोट कस लीं।

• एकरा बाद प्याज के छील के टुकड़ा-टुकड़ा में काट लीं।

•अब एगो बड़हन बर्तन में चना के आटा, लाल मिरचा पाउडर, हरियर मिरचा, जीरा, अदरक, धनिया पाउडर, हरदी पाउडर, स्वाद के हिसाब से नमक आ तनी पानी डाल के गाढ़ा बैटर बनाईं। चना के आटा में तनी-मनी पानी डाल दीं ताकि चना के आटा ढेर पतला ना होखे।

•चना के आटा के बैटर बनवला के बाद ओकरा में कसाइल आलू, कटल प्याज आ तनी बारीक कटल धनिया डाल के चना के आटा में सभ सामग्री के बढ़िया से मिला लीं ताकि चना के आटा प्याज आ आलू में बढ़िया से लपेट जाए।

•अब पकउड़ी तलला खातिर कड़ाही में तेल डाल के मीडियम पे गरम कर लीं।

• तेल काफी गरम बा कि ना एकर जांच करे खातिर ओकरा में मिश्रण के तनी-मनी गिरा दीं। अगर मिश्रण तेल के ऊपर बिना रंग बदलले आ जाला त तेल गरम बा।

•एकरा बाद मिक्सर के तनी-मनी हाथ से लेके तेल में डाल दीं आ ओकरा बाद एकरा के समान रूप से घुमा के मध्यम आंच पे तब तक भूंज लीं जब तक कि एकर रंग सुनहरा ना हो जाव।

•एक थाली में तलल पकउड़ी के नैपकिन पे निकाल लीं आ ओही तरह से पूरा मिश्रण के पकौड़ा तैयार कर लीं।

•खस्ता आलू के पकउड़ी तैयार बा, गरम पकउड़ी के हरियर चटनी आ केचप के साथ परोस के सबके साथे खाई|

516370cookie-checkआलू लछा पकउड़ी में एह एक चीज के मिला के बनवले से पकउड़ी अउरी कुरकुर आ क्रिस्पी हो जाई, आलू लछा पकउड़ी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.