[the_ad_group id="30365"]

टमाटर पाउडर : अगर टमाटर खतम हो गईल बा त घर में टमाटर के पाउडर बनाईं, इ बहुत दिन तक उपयोगी होई, जानि एकर विधि …

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बाजार में जब भी टमाटर के दाम कम होखेला त एकर पाउडर बना के पूरा साल तक स्टोर क सकेनी। जब भी टमाटर बहुत महंगा होखेला चाहे आपके लगे टमाटर उपलब्ध ना होखे त एकरा बदले टमाटर के पाउडर के इस्तेमाल क सकतानी। आप अपना रोज के सब्जी में मिला के ए पाउडर के स्वाद दुगुना क सकतानी आ सबसे निमन बात इ बा कि भले ही आप टमाटर कबहूँ ना खईले होखी, लेकिन ए पाउडर के मदद लिहल जा सकता। बहुत लोग के बाजार से खरीदल पसंद बा, लेकिन घर में बनावल बहुत मुश्किल नईखे।

 

टमाटर पाउडर बनावे के विधि

टमाटर के पाउडर बनावे खातिर पहिले टमाटर के पानी में धो के चलनी में राखी, ताकि सभ पानी सूख जाए। टमाटर के चाकू के मदद से गोल स्लाइस में काट लीं। अब टमाटर के स्लाइस के प्लेट में सूती कपड़ा डाल के एक- एक स्लाइस रख दी। अब एकरा के दू-तीन दिन धूप में रख के सुखा ली। 2 दिन बाद टमाटर के सभ स्लाइस के पलट के दूसरा ओर से 2 से 3 दिन तक सुखा लीं।जब टमाटर बढ़िया से सूख जाई त एकरा के मिक्सर जार में डाल के बढ़िया से पीस लीं। टमाटर के पाउडर तइयार हो गईल बा, एकरा के कांच के बोतल में पूरा साल तक रख सकेनी।

सुझाव

•टमाटर के पाउडर बनावे खातिर कम रस वाला टमाटर के इस्तेमाल करीं।

• टमाटर के पाउडर गरम धूप वाला दिन में बनाईं ताकि जल्दी सूख जाव।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]