[the_ad_group id="30365"]

उत्तराखंड चम्पावत में जारी बा उपचुनाव के मतदान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तराखंड के चम्पावत विधानसभा सीट में उपचुनाव खातिर सबेरे से वोटिंग जारी बा. ए सीट प मुख्यमंत्री पुष्कर सिंह धामी कांग्रेस के निर्मला गेहतोड़ी के खिलाफ चुनाव लड़तारे। उत्तराखंड के मुख्य निर्वाचन अधिकारी के कार्यालय से मिलल जानकारी के मुताबिक मंगलवार के सबेरे 7 बजे से सांझ 5 बजे तक मतदाता अपना मताधिकार के प्रयोग क सकतारे। चम्पावत के उपचुनाव के रिजल्ट 3 जून के घोषित कइल जाई. मुख्यमंत्री पुष्कर सिंह धामी चंपावत के बनबासा में एगो मतदान बूथ प पहुंच के मतदाता से मिल के मतदान केंद्र के जायजा लेले।

हार के बादो भाजपा धामी के मुख्यमंत्री बनवलस

फरवरी में उत्तराखंड में भईल विधानसभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी 70 में से 47 सीट जीत के राज्य में दूसरा बेर सरकार बनावे के कारनामा हासिल कईलस, लेकिन जीत के नेतृत्व करेवाला धामी खुद हार गईले खतिमा के बा। हालांकि, ‘उत्तराखंड फिर मांगे, मोदी-धामी की सरकार’ के नारा प विधानसभा चुनाव लड़े वाली भाजपा फेर से धामी के मुख्यमंत्री बना देलस।

कैलाश गहटोरी के इस्तीफा के बाद चम्पावत सीट खाली

धामी चम्पावत से उपचुनाव लड़त बाड़न काहे कि मुख्यमंत्री बनल रहे खातिर उनकर विधायक के शपथ लिहला से छह महीना का भीतर चुने के जरूरत बा. धामी 23 मार्च के दूसरा बेर उत्तराखंड के मुख्यमंत्री के रूप में शपथ लेले रहले। उनुका उपचुनाव लड़े के राह साफ करे खातिर कैलाश गहाटोडी 21 अप्रैल के चम्पावत के विधायक पद से इस्तीफा दे दिहले रहले.

चुनाव प्रचार 26 दिन तक चलल

राज्य के मात्र एक सीट प होखेवाला चुनाव खाती 26 दिन तक चुनाव प्रचार चलल। अतवार का दिने चुनाव प्रचार खतम हो गइल रहे. आजु 96213 मतदाता मुख्यमंत्री पुष्कर सिंह धामी समेत चार गो उम्मीदवारन के भाग्य तय करीहें. इहाँ से भाजपा के पुष्कर सिंह धामी, कांग्रेस के निर्मला गहाटोड़ी, सपा के मनोज कुमार भट्ट अवुरी निर्दलीय हिमांशु गडकोटी मैदान में बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]