[the_ad_group id="30365"]

प्रोफेसर अर्जुन मिश्र के मिलल काशी रत्न सम्मान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडियन एसोसिएशन ऑफ जर्नलिस्ट आ डिपार्टमेंट ऑफ सोशल साइंसेज, 2021 के ओर से आयोजित 27वां राष्ट्रीय पुरस्कार, काशी रत्न आ शान-ए-काशी समारोह में संत विनोबा पीजी कॉलेज देवरिया के प्राचार्य प्रो. अर्जुन मिश्र, सम्पूर्णानंद संस्कृत विश्वविद्यालय, वाराणसी के देहल गइल।

ई पुरस्कार मुख्य अतिथि पद्मश्री शिवनाथ मिश्र आ अध्यक्ष काशीरत्न प्रोफेसर हीरक कान्ति चक्रवर्ती (संकाय प्रमुख – आधुनिक ज्ञान विज्ञान संकाय) दिहलें। बहुमुखी प्रतिभा के धनी प्रो अर्जुन मिश्र अबले नौ गो किताब लिखले बाड़न. दू गो प्रतिष्ठित पत्रिका के संपादक मंडल के सदस्य बाडे. वर्तमान में उत्तर प्रदेश राजनीति विज्ञान के उपाध्यक्ष बाड़े। शिक्षा क्षेत्र में रोशनी जगावे के संगे-संगे डॉ. मिश्रा सामाजिक कार्य में भी रुचि लेलें। प्रो.मिश्र भारतीय शिक्षा बोर्ड गोरक्ष प्रांत के संयोजक/अध्यक्ष आ अखिल भारतीय ग्रहक पंचायत सिद्धार्थ नगर के संगठन मंत्री के जिम्मेवारी निभवले बाड़न. प्रबोधिनी पर दू गो स्मारिका विशेषांक दत्तोपंत ठेंगड़ी के संपादन कइले बाडन.

डाॅ. मिश्र के पुरस्कार मिलला पर महाविद्यालय के प्रबंधक अशोक मिश्रा आ शिक्षक, स्टाफ सहित प्रो.मनोज दीक्षित, देवेंद्र पंवार, प्रो.ममता मणि, डॉ. विजयानंद मिश्र, प्रो. डॉ. ओंकार नाथ तिवारी, नीरज मणि, डॉ. विमल द्विवेदी, प्रो.रजनीकांत पाण्डेय, प्रो.विनीता पाठक, प्रो.रूसी महानन्द, डॉ. अमित उपाध्याय आदि के ओर से बधाई दिहल गइल.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]