[the_ad_group id="30365"]

गाड़ी, मोटरसाइकिल सवार के काल्ह से मिली झटका, हो गइल ई नया नियम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गाड़ी, मोटरसाइकिल आ दोसर गाड़ी चलावे वालन खातिर एगो बुरा खबर बा. अब एगो नया फैसला से आम आदमी चौंक गईल बा। असल में अगर रउरा लगे गाड़ी बा त काल्हु 1 जून से रउरा थर्ड पार्टी बीमा पर अधिका पइसा खरच करे के पड़ी. थर्ड पार्टी बीमा अब महँग होखे वाला बा. हम बता दीं कि पिछला दू साल से थर्ड पार्टी बीमा के दर में कवनो बदलाव ना भइल.

सरकार के ओर से जारी अधिसूचना में कहल गईल बा कि थर्ड पार्टी बीमा के नाया दर 1 जून 2022 से प्रभावी होई। थर्ड पार्टी बीमा में आखिरी बदलाव 2019-20 में भईल रहे। एकरा बाद 2020-21 अवुरी 2021-22 में दर में बढ़ोतरी ना भईल। अब एक बेर फेरु दर में बढ़ोतरी भइल बा. माने कि अगिला महीना से रउरा थर्ड पार्टी बीमा खातिर अधिका पइसा खरच करे के पड़ी.

थर्ड पार्टी बीमा के संशोधित दर इंजन के क्षमता के आधार प कईल जाला। 1000सीसी इंजन क्षमता वाला निजी कार के साल 2020 के मुक़ाबले 2072 रुपया के बदला 2094 रुपया के बीमा प्रीमियम देवे के होई। जहां 1000सीसी से 1500सीसी के श्रेणी में ए कार के प्रीमियम 3221 रुपया से बढ़ के 3416 रुपया हो जाई। एकरा अलावे 1500सीसी से ऊपर के कार के प्रीमियम 7,897 रुपया होई। 150सीसी से ऊपर लेकिन 350सीसी से कम इंजन क्षमता वाला दुपहिया गाड़ी के प्रीमियम 1366 रुपया बा, अवुरी 350सीसी से जादा के प्रीमियम 2,804 रुपया तय कईल गईल बा।

इलेक्ट्रिक वाहन पर नया दर

दूसर ओर 30 किलोवाट तक के क्षमता वाला इलेक्ट्रिक प्राइवेट कार के अब 1780 रुपया के प्रीमियम देवे के होई। एकरा संगे-संगे 30 किलोवाट से जादा अवुरी 60 किलोवाट तक के क्षमता वाला इलेक्ट्रिक प्राइवेट कार के 2,904 रुपया के थर्ड पार्टी प्रीमियम देवे के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]