[the_ad_group id="30365"]

हरियाणा विधानसभा चुनाव से पहले फेर बहरी अइहे बाबा राम रहीम…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरियाणा विधानसभा चुनाव से पहिले डेरा सच्चा सौदा के प्रमुख गुरमीत राम रहीम सिंह 20 दिन खातिर पैरोल मंगले बाड़न। चुनाव आयोग हरियाणा सरकार से जवाब मँगले बा। राम रहीम फिलहाल बलात्कार आ हत्या के मामला में सजा काटतारे अउरी 2 सितंबर के जेल वापस आ गइले।

हरियाणा विधानसभा चुनाव से पहिले बड़ खबर सामने आ रहल बा। बलात्कार आ हत्या के आरोप में सजा काटत डेरा सच्चा सौदा के प्रमुख गुरमीत राम रहीम सिंह एक बेर फेरु पैरोल मंगले बाड़न। राम रहीम 20 दिन के पैरोल के निहोरा कइले बाड़े। पंजाब विधानसभा चुनाव से पहिले राम रहीम फरलो पर निकलल रहले। अब पाँच अक्टूबर के हरियाणा में होखे वाला विधानसभा चुनाव से पहिले उनका परोल आवेदन के राजनीतिक नजरिया से देखल जा रहल बा। चुनाव आयोग एह मामिला में हरियाणा सरकार से जवाब मँगले बा।

आधिकारिक सूत्र बतवले कि आदर्श आचार संहिता लागू होखे के चलते डेरा प्रमुख के परोल आवेदन चुनाव कार्यालय में भेजल गइल बा। उऽ जेल विभाग से परोल के निहोरा के पीछे आकस्मिक आ जरूरी कारण बतवले बाड़े।

परोल के बाद बागपत में रहे के कहल गइल

डेरा प्रमुख कहले बाड़न कि अगर अनुमति मिल गइल तऽ परोल अवधि में उत्तर प्रदेश के बागपत में रह जइहें। एह साल अगस्त में राम रहीम सिंह के 21 दिन के फरलो दिहल गइल रहे।

पंजाब चुनाव से पहिले फरलो दिहल गइल रहे

पहिले गुरमीत राम रहीम के कुछ परोल आ फरलो पंजाब, हरियाणा आ पड़ोसी राज्यन के चुनाव के साथे मेल खात रहे। पंजाब विधानसभा चुनाव से करीब दू हफ्ता पहिले 7 फरवरी 2022 से उनका के तीन हफ्ता के फरलो दिहल गइल रहे।

चुनाव आयोग हरियाणा सरकार से पूछलस

हरियाणा के मुख्य चुनाव अधिकारी (सीईओ) हरियाणा सरकार से कहले बाड़न कि सिरसा के डेरा सच्चा सौदा (डीएसएस) के प्रमुख गुरमीत राम रहीम सिंह के कवना ‘मजबूरी’ हालात में 20 दिन खातिर अस्थायी तौर पs रिहा कइल जरूरी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]