[the_ad_group id="30365"]

BSNL 5G: आईटी मंत्री बतवलें कि कब शुरू होई BSNL के 5जी सर्विस, देशभर में लागी टावर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में अक्तूबर से 5G सर्विस के शुरुआत हो गइल बा। रिलायंस जियो अउर एयरटेल देश के प्रमुख शहर में 5G सर्विस के रोलआउट भी कs दिहले बा। अब भारत संचार निगम लिमिटेड (BSNL) भी जल्दिए 5जी सर्विस शुरू करे वाला बा। केंद्रीय सूचना अउर तकनीक मंत्री अश्विनी वैष्णव बतवलें कि बीएसएनएल भी 5जी सर्विस के जल्दी रोलआउट करे वाला बा। हालांकि, एके अपग्रेड कइले में कम से कम 5 से 7 महीना के समय लग सकsता।

केंद्रीय मंत्री अश्वनी वैष्णव बियफे के जानकारी देत बतवलें कि बीएसएनएल भी 5जी सर्विस के जल्दी रोलआउट करे वाला बा। एकरे खातिर बीएसएनएल टाटा कंसलटेंसी सर्विस के संगे मिल के काम करी अउर देशभर में लगभग 1.35 लाख टावर लगावल जाई। एह सब में 5 से 7 महीना के समय लग सकsता। दरअसल, केंद्रीय मंत्री वैष्णव ई बात सीआईआई (भारतीय उद्योग परिसंघ) के एगो कार्यक्रम में कहलें।

दूरो-दराज के क्षेत्र में मिली 5G नेटवर्क

वैष्णव कहनें कि दूरसंचार प्रौद्योगिकी विकास कोष के 500 करोड़ रुपया से बढ़ा के 4,000 करोड़ रुपया प्रति वर्ष कsके नयका स्टार्टअप्स के बढ़ावा दिहल जाई। मंत्री पुष्टि कइलें कि राज्य दूरसंचार सेवा प्रदाता द्वारा 5G सेवा भारत के दूर-दराज के क्षेत्रन में 5G सेवा के लाभ देवे में महत्वपूर्ण भूमिका निभाई, जहवाँ विशिष्ट बाजार तंत्र के सेवा पहुंच से बाहर रहsता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]