[the_ad_group id="30365"]

अबसे सभे ले सकsता ट्विटर के ब्लू सब्सक्रिप्शन, आईफोन चलावे वालन के देवे के पड़ी बेसी पइसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अबसे सभे ले सकsता ट्विटर के ब्लू सब्सक्रिप्शन, आईफोन चलावे वालन के देवे के पड़ी बेसी पइसा

माइक्रो ब्लॉगिंग साइट ट्विटर एक बेर फिर पेड प्रीमियम वेरिफिकेशन सर्विस ‘ट्विटर ब्लू’ के लॉन्च कs दिहले बा। कंपनी सोमार यानी आजु से एह सर्विस के कुछ बदलाव के संगे पेश कइले बा। कंपनी कहलस कि यूजर्स अब ट्विटर ब्लू के सब्सक्रिप्शन खरीद सकतने, ताकि ऊ ब्लू वेरिफाइड अकाउंट अउर विशेष फीचर हासिल कs सकें। एह सर्विस के पहिले फर्जी अकाउंट्स के समस्या के चलते बंद कs दिहल गइल बा।

आईफोन चलावे वाले लोग के चुकावे के पड़ी बेसी पइसा

ट्विटर सनीचर के एह सर्विस के रिलॉन्च करे के जानकारी दिहले रहे। कंपनी लिखलस, ” हमनीं के सोमार के ट्विटर ब्लू फिर से शुरू कs रहल बानीं जा। यूजर्स के वेब पs सदस्यता खातिर 8 डॉलर प्रतिमाह अउर iOS पर ब्लू चेकमार्क सहित यूजर्स फीचर्स ले पहुंच पावे खातिर 11 डॉलर प्रतिमाह के भुगतान करे के होई।” सब्सक्रिप्शन लेहले के बाद आपके एडिट ट्वीट, 1080p वीडियो अपलोड रीडर मोड अउर ब्लू टिक के सुविधा मिली।”

फोटो बदलले से चल जाई ब्लू टिक

ट्विटर जानकारी देत बतवलस कि सब्सक्राइबर आपन हैंडल, डिस्प्ले नाम चाहे प्रोफाइल फोटो बदल सकेने, लेकिन अगर ऊ अइसन करsतने, त उनके अकाउंट से तब ले ब्लू टिक हट जाई, जब ले ट्विटर द्वारा फिर से उनकर अकाउंट वेरिफाई नाइ कs लेता। यानी रउआ प्रोफाइल फोटो बदलतनीं त रउआ के ब्लू टिक खातिर अकाउंट फिर से वेरिफाई करे के होई।

पेड प्रीमियम वेरिफिकेशन सर्विस के शुरू करत ट्विटर लिखलस, “राउर धीरज खातिर धन्यवाद काहेसेकि हमनींके ब्लू सर्विस के बेहतर बनावे खातिर काम कइले बानीं जा- हमनी के उत्साहित बानीं जा अउर जल्दिए रउआ संगे शेयर करे के उम्मीद कs रहल बानीं।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]