[the_ad_group id="30365"]

BSF के खास प्लान: सीमा पर ड्रोन मार गिरावे वाली टीमन के एक लाख के इनाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीमा सुरक्षा बल (बीएसएफ) पाकिस्तान सीमा पर ड्रोन मार गिरावे वाली टीम के एक लाख रुपया के नकद पुरस्कार दिहले बा। पंजाब में ड्रोन से नशा अउर हथियारन के तस्करी तेजी से बढ़ल बा। बीएसएफ राइफल फायरिंग चाहे जैमिंग तकनीक से पाकिस्तानी ड्रोन के मार गिरावे वाली टीम के एक लाख रुपया के नकद राशि से प्रोत्साहित कs रहल बा।

एहसे पहिले जालंधर स्थित बीएसएफ के पंजाब फ्रंटियर ड्रोन अउर नशा-हथियार के तस्कर के बारे में जानकारी देवे वालन के इनाम देहले के घोषणा कइले। एह साल सीमा पs 22 ड्रोन के मार गिरवले।में बीएसएफ सफलता हासिल कइलें। बीएसएफ के एगो अधिकारी बतवलें कि एक दर्जन से अधिक टीम के इनाम दिहल जा चुकल बा।

आंकड़ा के मुताबिक बीएसएफ 2020 अउर पिछले साल (जम्मू में 2020 अउर पंजाब में 2021 में) खाली एकहक ड्रोन के मार गिरवले रहल। मगर एह बेर ई आंकड़ा 22 तक पहुंच गइल।

आधिकारिक आंकड़न के अनुसार, जम्मू, पंजाब, राजस्थान अउर गुजरात के संगे आवे वाली 2,289 किलोमीटर लंबी भारत-पाकिस्तान सीमा पs ड्रोन देखल गइल संख्या 2020 में 77 से बढ़ के 2021 में 104 अउर एह साल 23 दिसंबर ले 311 हो गइल बा। एहमें से लगभग 75 प्रतिशत ड्रोन पंजाब में देखल गइल बा।

पाकिस्तान पंजाब में लगातार नशा अउर हथियार के खेप भेजले के फिराक में लागल बा। इहे वजह बा कि इहां ड्रोन के अधिक गतिविधि देखे के मिलsला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]