[the_ad_group id="30365"]

‘राउर मां, हमनी के मां…तनिका आराम कs लीं’, वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग कार्यक्रम में PM मोदी से बोलली ममता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Mamata Banerjee to PM Modi Your Mother Means our Mother: प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी (PM Narendra Modi) के मां हीराबेन के सुक के निधन हो गइल। मां के निधन के बाद पीएम मोदी उनका अंतिम संस्कार में सामिल भइलें। अंतिम संस्कार के बाद पीएम नरेंद्र मोदी वीडियो कांफ्रेंसिंग के माध्यम से बंगाल के निर्धारित कार्यक्रमन में वर्चुअल तरीका से जुड़लें आ हावड़ा से न्यू जलपाईगुड़ी के जोड़े वाली वंदे भारत एक्सप्रेस के हरा झंडी दिखवलें। एह कार्यक्रम के दौरान पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी कहलीं, ‘राउर मां, हमनियो के मां हई।”

‘राउर माई हमनियो के माई हई’

ममता बनर्जी पीएम मोदी से कहलें कि, तनिका आराम करीं। हमरा नइखे पता कि राउर मां के निधन पs कइसे श्रद्धांजलि दीं। राउर मां हमार माई हई। हम अपनो मां के इयाद करेनी। एह दौरान ममता बनर्जी इहो कहली कि पीएम मोदी सुक के जवना पांच रेल परियोजनन के शुभारंभ कर रहल बाड़ें। ओमे से चार पs काम रेल मंत्री के रूप में उनका कार्यकाल के दौरान सुरू कइल गइल रहे।

प्रस्तावित रहे पीएम के बंगाल दौरा

बता दीं कि, पीएम मोदी कइयन गो परियोजनन के सुरुआत करे खातिर सुक के पश्चिम बंगाल जाये वाला रहलें। बाकिर मां के निधन के खबर मिलला के बाद ऊ गांधीनगर रवाना हो गइल । उहां गइला के बाद ऊ माई के अंतिम संस्कार कइल गइल, उनका के मुखाग्नि देलें।

‘सानदार शताब्दी के ईश्वर चरणन में विराम’

पीएम मोदी मां के निधन पs ट्वीट कइलें, ”सानदार शताब्दी के ईश्वर चरणन में विराम… मां में हम हमेशा ओह त्रिमूर्ति के अनुभूति कइलें बानी, जेमे एगो तपस्वी के यात्रा, निष्काम कर्मयोगी के प्रतीक आ मूल्यन के प्रति प्रतिबद्ध जीवन समाहित रहल बा।”

नाराज हो गइली ममता

बंगाल में भइल कार्यक्रम में बीजेपी कार्यकर्ता जय श्रीराम के नारा लगावल लोग। एकरा बाद मुख्यमंत्री ममता बनर्जी मंच पs जाये से इनकार कs देली। रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव उनका के मंच पs आवे खातिर मनावे के कोसिस कइलें, बाकिर ऊ ना मनली। केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव आ सुभाष सरकार भाजपा कार्यकर्ता लोगन को समझावे के कोसिस करत रहे लो कि ऊ लोग नारा ना लगावे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]