[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर के पनियहवा के लग्गे टूटल रेल के पटरी, अधिकारियन में मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर नरकटियागंज रेलखंड पs गोरखपुर से नरकटियागंज के ओर जा रहल मालगाड़ी दुर्घटना के शिकार भइले से बच गइल। इहाँ पनियहवा से आगे वाल्मीकिनगर के ओर पनियहवा से कुछुए डेग दूरी पर पीलर संख्या 308/14 पs ट्रैक के एगो पटरी टूट गइल बा।

देखे वालन के मानल जाव त टूटल ट्रैक से एगो मालगाड़ी ट्रेनो अपने रफ्तार से गुजर गइल। गनीमत रहल कि कौनो बड़ दुर्घटना भइले से बच गइल। बियफे के बिहाने छितौनी- बगहा रेल पुल के ओर टहले निकलल लइके टूटल रेलवे लाइन पड़े जात ट्रेन के लग्गे तेज आवाज सुनलें त ट्रेन गुजरले के बाद देखल जहवाँ रेलवे ट्रैक टूटल मिलल।

जीआरपी अउर आरपीएफ पुलिस मौका पर पहुंच गइल बा। एह संबंध में जीआरपी पनियहवा/पड़रौना चौकी प्रभारी विजय शंकर यादव के कहनाम बा कि सूचना पs आरपीएफ पुलिस टीम के संगे मौका पs पहुंचल बानीं। ज्वाइंट के लग्गे ट्रैक टूटल बा जेके तात्कालिक रूप से जोड़ल गइल बा। धीरे-धीरे पैसेंजर ट्रेन के ओही पड़े भेजल गइल बा। सूचना रेलवे के अधिकारियन के दे दीहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]