Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कुशीनगर के पनियहवा के लग्गे टूटल रेल के पटरी, अधिकारियन में मचल हड़कंप

292

गोरखपुर नरकटियागंज रेलखंड पs गोरखपुर से नरकटियागंज के ओर जा रहल मालगाड़ी दुर्घटना के शिकार भइले से बच गइल। इहाँ पनियहवा से आगे वाल्मीकिनगर के ओर पनियहवा से कुछुए डेग दूरी पर पीलर संख्या 308/14 पs ट्रैक के एगो पटरी टूट गइल बा।

देखे वालन के मानल जाव त टूटल ट्रैक से एगो मालगाड़ी ट्रेनो अपने रफ्तार से गुजर गइल। गनीमत रहल कि कौनो बड़ दुर्घटना भइले से बच गइल। बियफे के बिहाने छितौनी- बगहा रेल पुल के ओर टहले निकलल लइके टूटल रेलवे लाइन पड़े जात ट्रेन के लग्गे तेज आवाज सुनलें त ट्रेन गुजरले के बाद देखल जहवाँ रेलवे ट्रैक टूटल मिलल।

जीआरपी अउर आरपीएफ पुलिस मौका पर पहुंच गइल बा। एह संबंध में जीआरपी पनियहवा/पड़रौना चौकी प्रभारी विजय शंकर यादव के कहनाम बा कि सूचना पs आरपीएफ पुलिस टीम के संगे मौका पs पहुंचल बानीं। ज्वाइंट के लग्गे ट्रैक टूटल बा जेके तात्कालिक रूप से जोड़ल गइल बा। धीरे-धीरे पैसेंजर ट्रेन के ओही पड़े भेजल गइल बा। सूचना रेलवे के अधिकारियन के दे दीहल गइल बा।

410880cookie-checkकुशीनगर के पनियहवा के लग्गे टूटल रेल के पटरी, अधिकारियन में मचल हड़कंप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.