[the_ad_group id="30365"]

मशरख में जहरीला शराब पियले से 7 लोग के मौत, 5 लोग के हालत अभिनो गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के सारण में जहरीली शराब से 7 लोग के मौत हो गइल बा। भोरे-भोरे अस्पताल में भर्ती 2 अउर लोग इलाज के दौरान दम तूड़ दिहल। 5 लोग के मंगर के देर रात मौत भइल रहे। 5 लोग के हालत अभिनो गंभीर बनल बा।

सूत्र के कहनाम बा कि करीब 12 लोग शराब पियले रहे। जेमें से 7 जनी के मौत हो गइल बा। सभे डोयला गांव में देसी शराब पियले रहे। सभे 1 किलोमीटर के दायरा में आसपास रहेला लोग। डोयला इलाका में बड़ पैमाना पर देसी शराब बनs अउर बिकsला।

प्रशासन के ओर से शराब से मौत के पुष्टि नइखे भइल, लेकिन आसपास के लोग के कहनाम बा कि सभे शराब पियले रहे। एकरे बाद उनकर तबीयत बिगड़े लागल। घटना इसुआपुर थाना क्षेत्र के डोइला गांव के ह।

शराब पियले के बाद बिगड़ल तबीयत

परिवार के लोग बतावल कि सभे शराब पियले। जइसही लोग घरे लौटल कुछ देर बाद तबीयत बिगड़े लागल। अचानक से तेज बुखार चढ़ गइल। उल्टी होखे लागल। पेट दर्द के शिकायत होखे लागल। अस्पताल ले गइले के दौरान ही 3 लोग के मौत हो चुकल रहे। बाकी के इलाज के दौरान मौत भइल बा।

एह लोग के भइल मौत

  1. विचेन्द्र राय पिता नर्सिंग राय ( डोइएला)
  2. हरेंद्र राम पिता गणेश राम ( मशरख तख़्त)
  3. रामजी साह पिता गोपाल साह ( मशरख )
  4. अमित रंजन पिता दीजेंद्र सिन्हा ( डोइला )
  5. संजय सिंह पिता वकील सिंह ( डोइएला )
  6. कुणाल सिंह पिता यदु सिंह ( मशरख )
  7. मुकेश शर्मा पिता बच्चा शर्मा (मशरख)

बढ़ सकsता मौत के आंकड़ा, छावनी बनल सदर अस्पताल

लोग के मानल जाव त मौत के आंकड़ा अभिन अउर बढ़ सकsता। जहरीला शराब के भनक प्रशासन के लगतही सदर अस्पताल छावनी में तब्दील हो गइल। देर रात ले पुलिसकर्मी अउर प्रशासनिक पदाधिकारी भाग-दौड़ करत देखल गइल। हालांकि जहरीला शराब के सेवन पs कुछुओ बोलले से कतरात रहल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]