[the_ad_group id="30365"]

जहरीली शराबकांड में मशरख थानाध्यक्ष निलंबित, राजेश चौधरी बनलें नया थानाध्यक्ष 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के छपरा में शराब से अभी ले 46 लोगन के मौत हो चुकल बा। हालंकि, ई सरकारी आंकड़ा ना हs। सारण डीएम राजेश मीणा प्रेस कॉन्फ्रेंस कs के 26 लोगन के मौत के जानकारी देलें। ओहिजा 30 मरीजन के इलाज चल रहल बा, जेकर हालत गंभीर बा। माने मौत के आंकड़ा आउर बढ़ सकेला।

मशरख थानाध्यक्ष रितेश मिश्रा समेत 2 लोग सस्पेंड

जवना मशरख इलाका में ई घटना भइल बा, उहां के थानेदार रितेश मिश्रा सहित 2 लोगन के सस्पेंड कर दिहल गइल बा। राजेश चौधरी के नया थानाध्यक्ष बनावल गइल बा। जांच खातिर SIT के गठन भइल बा। जहरीली शराब प्रकरण में अभी ले दु गो प्राथमिकी दर्ज कइल गइल बा आ 4 के गिरफ्तारी भइल बा। उत्पाद विभाग के 7 टीम छापेमारी में जुटल रहल। मशरख के अलग-अलग इलाकन से 600 लीटर शराब जब्त कइल गइल बा। दैनिक भास्कर के रिपोर्ट के मोताबिक अब तक 48 घंटा में 150 लोगन के गिरफ्तारी के खबर बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]