[the_ad_group id="30365"]

महंग होई ट्रेन में नाश्ता-भोजन, IRCTC तैयार कs रहल बा नयका दर के सूची

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्रेनों में नाश्ता-भोजन खातिर अब ज्यादा रुपया देवे के होई।आईआरसीटीसी नयका दर के सूची तैयार कs रहल बा। रेलवे बोर्ड से स्वीकृति के बाद एके लागू कइल जाई।
नई सूची में स्थानीय अउर ब्रांडेंड कंपनियन के खाद्य पदार्थ के भी शामिल कइल जाई। यात्रियन के शूगर फ्री अउर व्रत में खइले के सामान भी मिली। गोरखपुर अउर लखनऊ मंडल में दिल्ली के ही रेट लिस्ट लागू होई।
नयका मेन्यू तैयार करे में आईआरसीटीसी के रेलवे प्रशासन भी दिशा-निर्देश दे रहल बा। मौसमी फल अउर बचवन के दूध अउर अन्य प्रोटीनयुक्त सामग्री शामिल करे के कहल गइल बा।
एक्सप्रेस ट्रेनों में होटल अउर रेस्टोरेंट के अनुरूप मेन्यू रही। एह बात के विशेष ध्यान रखल जाई कि गुणवत्ता के ले के शिकायत कम आईं। घटिया ब्रांड के खाद्य पदार्थन के बेचे के अनुमति नाइ दीहल जाई। नयका कीमत के लागू करे के पहिले रेल प्रशासन एके सार्वजनिक करी, जेसे यात्रियन के जानकारी हो सके।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]