[the_ad_group id="30365"]

बिहार: मधेपुरा DM के कार से कुचटा के 3 लोगन के दर्दनाक मउत, सड़क पs दिखल खौफनाक मंजर 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के मधेपुरा में डीएम के गाड़ी से कुचलला के बाद तीन लोग के दुखद मउत हो गईल। दुर्घटना के बाद मउका पs चीख-पुकार मच गईल। दुर्घटना के बाद के दृश्य बहुत भयावह रहे। लाश सड़क पs बिखराइल रहे। दुर्घटना के समय गाड़ी में डीएम मौजूद ना रहले।

जानकारी के मुताबिक डीएम के गाड़ी पटना से मधेपुरा जात रहे। ओकरा बाद मधुबनी के फुलपरास थाना क्षेत्र के एनएच 57 पs चार लोग के कुचल दिहलस। जवना के चलते तीन जने के मउका पs मउत हो गईल, जबकि एक के हालत गंभीर बतावल जाता। गाड़ी के भीतर डीएम मौजूद नईखन। डीपीआरओ खुद एकर पुष्टि कईले बा।

घटना से नाराज गांव के लोग गाड़ी के तोड़फोड़ कs देले। सूचना मिलला के बाद भारी पुलिस बल मउका पs पहुंचल। मामिला के बारे में मधेपुरा के डीपीआरओ कुंदन कुमार सिंह के कहनाम बा कि गाड़ी में कुछ तकनीकी दोष रहे। दुर्घटना कईसे भईल इs जांच के विषय बा। संगही, जब इs दुर्घटना भईल तs जिला मजिस्ट्रेट गाड़ी में ना रहले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]